[the_ad_group id="30365"]

फरार चलत रोहतास कंपनी के मालिक परेश अउर पीयूष रस्तोगी के कs देहल गइल भगोड़ा घोषित, ठगी के 60 से ढ़ेर मुकदमा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोहतास कंपनी के मालिक परेश रस्तोगी अउर पीयूष रस्तोगी के हजरतगंज पुलिस भगोड़ा घोषित कs दिहले बा। सुल्तानपुर चौकी प्रभारी बियफे के देर सांझ के ले के चार मुकदमे दर्ज करवलें। प्रभारी निरीक्षक हजरतगंज अखिलेश मिश्रा के मुताबिक लाजपत राय मार्ग निवासी पीयूष अउर परेश रस्तोगी सग्गे भाई हवें। दूनों जनी पs ठगी के 60 बेसी केस दर्ज बा। एहमें से कई में पुलिस कोर्ट में चार्जशीट दाखिल कइले बानें, जिनकर सुनवाई चल रहल बा। एह दौरान दूनों जनी हाजिर नइखे होत लोग।

कोर्ट इनके खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कइले रहल। धारा 82 (कोर्ट में हाजिर न होखले पर कुर्की के नोटिस जारी कइल) के कार्रवाइयो कइल जा चुकल बा। तब्बो आरोपी अदालत में हाजिर नाइ होत रहनें। नगदे कोशिश के बादो न त इनकर गिरफ्तारी हो सकल अउर न दूनों जनी आत्मसमर्पण कइलें लोग। मामिला के विवेचक अउर सुल्तानपुर चौकी प्रभारी विनय तिवारी बियफे के देर साँझ दूनों जनी के खिलाफ चार तहरीर दिहलें। एकरे आधार पs धारा 174ए के तहत केस दर्ज कs के दूनों जनी के भगोड़ा घोषित कs दिहल गइल। अब पुलिस कोर्ट से इनकर संपत्ति के कुर्की खातिर आदेश हासिल करी।

सैकड़ों जनी से कइल गइल करोड़न के ठगी

आरोपी बिल्डर भाई लोग मिल के सैकड़ों लोग से प्लॉट अउर फ्लैट के नाम पर ठगले रहनें। कई प्रशासनिक, पुलिस अउर न्यायिक अधिकारी इनके शिकार भइल बानें। जिनसे करोड़न के रकम प्लॉट अउर लग्जरी फ्लैट देहले के नाम पर वसूली कइल गइल। आरोपी लोग न त प्लॉट, फ्लैट दिहलें अउर न ही रुपया वापस कइलें। कई बेर लोग सुल्तानगंज स्थित मुख्य कार्यालय पs प्रदर्शनो कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]