[the_ad_group id="30365"]

‘मां भारती के सपूत’ वेबसाइट लॉन्च: राजनाथ सिंह बोललें- ई ओ वीरन के समर्पित, जे देश खातिर बलिदान दिहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह राष्ट्रीय युद्ध स्मारक परिसर में एक समारोह में सशस्त्र बल युद्ध हताहत कल्याण कोष (AFBCWF) खातिर ‘मां भारती के सपूत’ (MBKS) वेबसाइट लॉन्च कइलें। एह दौरान उ कहलें कि ई कार्यक्रम हमनीके ओ वीरन खातिर समर्पित बा जिनके त्याग अउर बलिदान के वजह से हमनीके देश सुरक्षित बा। आजादी के बाद से ही हमनीके सेना के वीर जवान कौने-कौने हालात के सामना कर देश के सुरक्षित रखले बानें। ओकर पूरा वर्णन कइल कठिन बा।

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह कहलें कि राष्ट्र के प्रगति के यात्रा में समय आ गइल बा कि देशवासी देश के कुछ वापस देहल जाव। ऊ लोग से एह यात्रा में खुद के मुक्त सवार नाइ, बलुक जिम्मेदार सवार समझले के आह्वान कइलें।

रक्षा मंत्री कहलें कि ई हमार नैतिक अउर राष्ट्रीय कर्तव्य बा कि हमनीके शहीदन के परिवार अउर घायल सैनिकन के सहायता करीं। सैनिक लोग देश खातिर जौन कइले बानें लोग, ओके हम कब्बो चुका नाइ सकतनी जा। वेबसाइट के जरिए लोग एएफबीसीडब्ल्यूएफ में योगदान दे सकी।

राजनाथ सिंह कहलें कि सैनिकन अउर उनके परिजन के सहायता कइले में दान के नहीं, बलुक कृतज्ञता के भावना आवे के चाहीं। एही बीच सेना के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलें कि एएफबीसीडब्ल्यूएफ एगो कोष बा, जिनकर उपयोग सैन्य अभियान में शहीद चाहे गंभीर रूप से घायल होखे वाले सैनिकन, नौसैनिकन अउर वायुसैनिकन के परिवार के तत्काल वित्तीय सहायता प्रदान करे खातिर कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]