[the_ad_group id="30365"]

बाइडन पाकिस्तान के बतवलें दुनिया के सबसे खतरनाक देश, परमाणु हथियार के जिक्र करत लगवलें ई आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडन पाकिस्तान पर निशाना सधले बानें। अमेरिकी मध्यावधि चुनाव खातिर एगो फंड जुटावे के कार्यक्रम के दौरान बाइडन पाकिस्तान के दुनिया के सबसे खतरनाक देश में से एक करार दिहले बानें। एतने नाइ, बाइडन इटली अउर हंगरी जइसन देश पर भी निशाना सधलें।
गौरतलब बा कि बाइडन लगातार दक्षिणपंथी देशन में लोकतंत्र के गिरत स्थिति अउर रूस-यूक्रेन युद्ध में पुतिन के समर्थन करे वाले देशन पर बयान देत रहेने। एही कड़ी में ऊ एह तीन देश के घेरलें। अमेरिकी राष्ट्रपति पाकिस्तान के घेरत कहलें कि ई देश बिना कौनो सामंजस्य के परमाणु हथियार जुटा रखले बानें।

बाइडन के बयान से पाकिस्तान के उम्मीदन के झटका

बाइडन के एह बयान के टाइमिंग बहुत अहम बा। दरअसल, हालही में पाकिस्तान के सेना प्रमुख जनरल कमर जावेद बाजवा अमेरिका में रहलें। इहां ऊ अमेरिकी रक्षा मंत्री के साथ कई अउर नेता लोग से मुलाकात भी कइलें रहलें। मानल जात रहल कि बाजवा के ई मुलाकात अमेरिका अउर पाकिस्तान के रिश्ता अहम साबित होई। हालांकि, अब बाइडन के एह बयान से एक बेर फिर अमेरिका-पाकिस्तान के रिश्ता में पड़ल दरार सोझे आ गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]