[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल में बाढ़ के कारण ट्रेन के संचालन भइल प्रभावित- कई ट्रेन भइल निरस्त, दादर-गोरखपुर के समय बदलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वांचल में बाढ़ के कारण ट्रेन के संचालन प्रभावित भइल बा। गोरखपुर से चले वाली कई ट्रेन निरस्त कs देहल गइल बा अउर कई के मार्ग बदल दिहल गइल बा। कुछ ट्रेन के रास्ता में रोक के चलावे के निर्णय लिहल गइल बा।

सप्ताह में चार दिन चले वाली 01027 नंबर के दादर-गोरखपुर स्पेशल एक्सप्रेस के संचालन समय बदल गइल बा। मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार ई ट्रेन अब दादर से दुपहर बाद 02.15 के जगह 02.05 बजे प्रस्थान करी। दूसर स्टेशन पर समय, ठहराव अउर कोच संरचना पहिलहीं जइसन रही। बीतल कई दिन से ट्रेन के निरस्त होखले के क्रम जारी बा।

21 अक्टूबर ले निरस्त रही गोरखपुर- गोंडा पैसेंजर ट्रेन

भारी वर्षा के बाद अब बाढ़ ट्रेन के संचालन प्रभावित कs दिहल गइल बा। लखनऊ मंडल स्थित गोंडा स्टेशन यार्ड में जलभराव के चलत ट्रेन के संचालन आगे भी प्रभावित रही। मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार 05031/05032 नंबर के गोरखपुर-गोण्डा-गोरखपुर पैसेंजर के अलावा 05091/05092 नंबर के गोण्डा-सीतापुर-गोण्डा अउर 05453/05454 गोण्डा-सीतापुर-गोण्डा पैसेंजर ट्रेन 14 से 21 अक्टूबर ले निरस्त रही।

रास्ता में रोक के चलावल जाई ई ट्रेन

एकरे अलावा 14 से 21 अक्टूबर तक कुछ ट्रेन रास्ता में रोक के चलावल जाई। 05093 गोरखपुर-गोण्डा पैसेंजर मनकापुर में रुक जाई अउर 05094 गोण्डा-गोरखपुर पैसेंजर मनकापुर से चलावल जाई। 05447 गोरखपुर-बढ़नी-गोण्डा पैसेंजर सुभागपुर में रुक जाई अउर 05448 गोण्डा-बढ़नी-गोरखपुर पैसेंजर सुभागपुर से चलावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]