[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ : हवा में प्लॉट आवंटन करे वाली डिप्टी जीएम सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्रेटर नोएडा औद्योगिक विकास प्राधिकरण में उद्यमी के एगो अइसन प्लॉट आवंटित कs देहल गइल, जेकर मौका पर वजूदे नाइ रहल। मामला सामने अइले पर औद्योगिक विकास मंत्री नंद गोपाल नंदी कड़ा रुख अपनवनें। उनके निर्देश पर अपर मुख्य सचिव, औद्योगिक विकास अरविंद कुमार प्रथम दृष्टया दोषी मिलल तत्कालीन वरिष्ठ प्रबंधक (नियोजन), ग्रेटर नोएडा निमिषा शर्मा के निलंबित कs देहले बानें। अभिन ऊ उप महाप्रबंधक (नियोजन) यूपीसीडा, कानपुर के पद पर कार्यरत रहली।
ग्रेटर नोएडा औद्योगिक विकास प्राधिकरण में मेसर्स विशाल इंजीनियरिंग वर्क्स को सेक्टर ईकोटेक-03, उद्योग केंद्र-1 में औद्योगिक भूखंड संख्या-340 आवंटित कइल गइल रहे। एकर कुल क्षेत्रफल 450 वर्ग मीटर रहल। भूखंड आवंटन से पहिले ई सुनिश्चित कइल जाए कि रहल कि ई भूखंड संबंधित सेक्टर के ले-आउट में नियोजित बा कि नाइ। अइसन नाइ कइल गइल। एसे अइसन भूखंड आवंटित हो गइल जेकर अस्तित्तवे नाइ रहल।
एह गंभीर अनियमितता में तत्कालीन प्रबंधक (नियोजन), ग्रेटर नोएडा निमिषा शर्मा के अपने दायित्व के निवर्हन जिम्मेदारीपूर्वक न कइले के दोषी पावल गइल। ओनके उत्तर प्रदेश सरकारी सेवक (अनुशासन अउर अपील) नियमावली, 1999 के नियम-4 के तहत निलंबित कs देहल गइल बा। ओनके यूपीसीडा मुख्यालय संबद्ध कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]