[the_ad_group id="30365"]

जहांगीरपुरी मामला में सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई आजु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के जहांगीरपुरी इलाका में अतिक्रमण के खिलाफ एमसीडी के अभियान के लेके आज सुप्रीम कोर्ट में अहम सुनवाई होई। अतिक्रमण पs दिल्ली नगर निगम के बुलडोजर आज चली कि नाइ, एके लेके सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई होई। जहांगीरपुरी में अतिक्रमण पs बुधवार के कुछ घंटा खातिर बुलडोजर चलल रहे। हालांकि, सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद अतिक्रमण हटाओ अभियान के रोक देहल गइल रहल।

आदेश के बावजूदो भइल कार्रवाई

एसे पहिले सुप्रीम कोर्ट इलाका में यथास्थिति बनवले रखले के आदेश देहले रहे। कोर्ट के आदेश के बावजूद एमसीडी के कार्रवाई नाइ रुकल। सुप्रीम कोर्ट के मामला में यथास्थिति बनवले रखले के आदेश के बादो एमसीडी के बुलडोजर चलत रहल। सुप्रीम कोर्ट के आदेश दोबारा संबंधित अधिकारियन के लग्गे पहुंचल, जौने के बाद कार्रवाई रुकल।

एमसीडी के अभियान पर सियासत तेज

ओने, मामले में सियासतो तेज हो गइल बा। कांग्रेस, सपा, आम आदमी पार्टी अउर लेफ्ट के अलावा कई दल भाजपा के आड़े हाथ लेहले बा। कांग्रेस कहलस कि सरकार धार्मिक उन्माद के बढ़ावा दे रहल बा। सीपीएम नेता वृंदा करात बुधवार दोपहर जहांगीरपुरी पहुंच गइल रहने। सीपीएम नेता एमसीडी की कार्रवाई रोके खातिर बुलडोजर के आगे खड़ा हो गइल रहली। एही बीच बीतल साँझ के एआइएमआइएम के प्रमुख असदुद्दीन ओवैसी जहांगीरपुरी पहुंचने। ऊ केंद्र अउर दिल्‍ली सरकार पs जम के निशाना सधने। ओवैसी कहने कि छह सात साल से भाजपा की सरकार बा। पहिले अवैध निर्माण के काहें नाइ तोड़ल गइल। अगर ऊ (दुकान अउर मकान) अनाधिकृत रहल त केंद्र सरकार सूतल काहें रहल ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]