[the_ad_group id="30365"]

विधायक कोर्ट में कइले सरेंडर, जानीं का ह पूरा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह वक्त एगो ताजा खबर बिहार (Bihar) के आरा से सामने आ रहल बा। महागठबंधन के विधायक (MLA) सरकारी काम में बाधा पहुंचवले अउर एगो दूसर मर्डर केस (Murder Case) के मामला में शुक्रवार के आरा सिविल कोर्ट (Civil Court) में सरेंडर (Surrender) कइलें। विधायक के वकील (Advocate) एकर जानकारी देहले बानें। दू दिन पहिलही विधायक के जमानत रद्द कs देहल गइल रहे।
मामला भोजपुर जिले के अगियांव विधानसभा सीट से जीतल एमएलए मनोज मंजिल (MLA Manoj Manzil) से जुड़ल बा, जे शुक्रवार के आरा व्यवहार न्यायालय न्यायाधीश के सोझे आत्मसमर्पण कइनें। हालांकि कोर्ट ओनके जमानतो दे देहलस। बतावल जा रहल बा कि ADJ – 3 के कोर्ट में भाकपा माले विधायक मनोज मंजिल STR 72/14 अउर STR 123/19 के केस में बेल टूटले के बाद कोर्ट में आज सरेंडर कइले रहने।

माले विधायक मनोज मंजिल के अधिवक्ता कामेश्वर सिंह अउर अमित कुमार बंटी बतवने कि “दू दिन पहिले विधायक के जमानत रद्द कs देहल गइल रहल। सरकारी काम में बाधा पहुंचवले के ले के सहार प्रखंड के अंचल पदाधिकारी के ओर से मामला दर्ज करावल गइल रहे।
मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, मामला भोजपुर जिले के अजिमाबाद थाना क्षेत्र के बड़गांव निवासी जयप्रकाश सिंह के हत्या से जुड़ल बा। केस से एपीपी के अनुसार अगस्त 2015 में भइल हत्या के मामला में आरोप के गठन कइले के लेके कोर्ट के ओर से आरोपितन के हाजिर होखले खातिर अबले तीन बेर तारीख तय कइल जा चुकल बा. पहिले 15 मार्च फिर 23 मार्च अउर तिसरका बेर एक अप्रैल के डेट तय कइल गइल, हर डेट पर कौनो नाइ त कौनो आरोपित उपस्थित ना रहे।

पिछला शुक्रवार के माले विधायक मनोज मंजिल सहित पांच आरोपित हाजिर नाइ रहनें. एसे खिसियाइल कोर्ट सबके बेल बांड कैंसिल कs के गैर जमानीतय गिरफ्तारी वारंट जारी कs देहले रहे, जेसे विधायक के आज कोर्ट में सरेंडर करे के पड़ल रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]