[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ: ट्रांसपोर्ट नगर में ढहल तीन मंजिला इमारत, एक के मौत; कइयन लोगन के दबल होखला के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के राजधानी लखनऊ के ट्रांसपोर्ट नगर में सनीचर के सांझ बरखा के दौरान एक तीन मंजिला इमारत ढह गइल। हादसा में एगो व्यक्ति के मौत के सूचना मिलल बा।

ओहिजा, दमकल विभाग के साथ एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के दुगो टीम बचाव कार्य में जुटल बाड़ी सs। अब तक मिलल सूचना के अनुसार, मलबे से 13 लोगन के बाहर निकालल जा चुकल बा।

बतावल गइल बा कि इमारत में दवा के गोदामो रहे। ओहिजा, हादसा पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ संज्ञान लेत एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ बचाव कार्य खातिर निरदेस दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री घायलन के तत्काल अस्पताल पहुंचाके जिला प्रशासन के अधिकारियन के ओह लोगन के समुचित उपचार के निरदेस देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]