[the_ad_group id="30365"]

IAS Officer : अब बिहार के ट्रेनी आईएएस चरचा में अइली, सीवान जिला प्रशासन के तेज रफ्तार गाड़ी बच्ची के जान लेलस

घटना के बाद रोवत-बिलखत परिजन। - फोटो : अमर उजाला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान से पटना के ओर जा रहल अनियंत्रित स्कॉर्पियो मासूम बच्ची के रउद देलस। स्कॉर्पियो के गति एतना तेज रहे कि मासूम बच्ची लगभग पांच सौ मीटर दूर जा गिरल। ओह गाड़ी पs सीवान जिला के प्रशिक्षु आईएएस अधिकारी बइठल रही। सायद इहे कारण बा कि स्कॉर्पियो के चालक आपन गाड़ी के हवा में उड़ावत पटना ले जात रहे। हादसा के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोगन के भीड़ लाग गइल। परिजन लोग बतावल कि जिला प्रशासन सीवान के गाड़ी में सवार 2022 बैच के ट्रेनी प्रशिक्षु आईएएस नेहा कुमारी के गाड़ी से आठ वर्षीय मासूम बच्ची के जान चल गइल।

प्रशिक्षु आईएएस के थाना लेके चल गइल पुलिस

स्थानीय पंचायत के मुखिया धर्मदेव राय बतवलें कि सीवान से पटना जाये के दौरान छपरा के अवतार नगर थाना क्षेत्र अंतर्गत रामु टोला गांव के लगे तेज रफ्तार स्कॉर्पियों गाड़ी के चपेट में आवे से बच्ची के मौत हो गइल। हालांकि ग्रामीण लोग गाड़ी के जब्त कs लिहल। एने, अवतार नगर थाना के पुलिस प्रशिक्षु आईएएस नेहा कुमारी आ स्कॉर्पियो गाड़ी के लेके थाना चल गइल। एकरा बाद ग्रामीणन में बहुते आक्रोश देखे के मिलल बा। बच्ची के लाश के पुलिस कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज देलस।

जिला प्रशासन के गाड़ी से हादसा भइल। - फोटो : अमर उजाला
जिला प्रशासन के गाड़ी से हादसा भइल। – फोटो : अमर उजाला

ननिहाल आइल रहे, सड़क पार करे के दौरान भइल हादसा

मृत बच्ची डोरीगंज थाना क्षेत्र के बलवन टोला गांव निवासी निरंजन राय के पांच वर्षीय पुत्री निकिता कुमारी हियs। जे अपने ननिहाल अवतार नगर थाना क्षेत्र के संठा गांव निवासी सिंहासन राय के घरे आइल रहे। ऊ मुख्य सड़क के पार करत रहे, तबे छपरा के तरफ से आ रहल जिला प्रशासन सीवान लिखल स्कार्पियो गाड़ी ओकरा के जोरदार ठोकर मारके फरार हो गइल। ओकरा के घायलावस्था में स्थानीय चिकित्सक के लगे ले जाइल। जहां ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गइल। निकिता के मौत के खबर सुनतही ओकरा ननिहाल आ घर में मातम के माहौल छा गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]