[the_ad_group id="30365"]

जिंदगी के जंग हार गइल बर्बरता के शिकार बनल बलिया के बेटी: आठ दिन ले चलल इलाज, मौत के खबर से परिजन सन्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बलिया में बर्बरता के शिकार बेटी इलाज के दौरान आखिरकार जिंदगी के जंग हार गइल। किशोरी ताड़ीबड़ागांव रूपवार-सिकरहटा मार्ग पर घायल अवस्था में मिलल रहे। वाराणसी में आठ दिन ले इलाज चलत रहल। मौत के खबर मिलतही स्वजन लोग में कोहराम मच गइल।
बता देईं कि एगो किशोरी सिकरहटा गांव के पास सड़क किनारे 15 अक्तूबर के सुबह बेहोश पड़ल मिलल। उनकर शरीर खून से लथपथ रहल। परिजन लोग के मानल जाव त उ सुक्क की साँझ के गांव में मेला देखे खातिर निकलल रहली।

किशोरी के हालत देखके दुष्कर्म कर हत्या के प्रयास के आशंका जतावल गइल।  सूचना पर पुलिस अधीक्षक राजकरन नय्यर मौका पs पहुंचलें अउर जायजा लेहले के बाद किशोरी के घर जा के जानकारी लिहलें। पुलिस एह मामिला में दू युवक के हिरासत में ले के पूछताछ भी कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]