[the_ad_group id="30365"]

भारत-नेपाल सीमा पर बढ़ल सतर्कता, हो रहल बा आवे जाए वालन के जाँच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी में इस्लामिक स्टेट ऑफ इराक एंड सीरिया के सक्रिय सदस्य के पकड़इले के बाद भारत-नेपाल सीमा पर सतर्कता बढ़ा दीहल गइल बा। मुख्य बॉर्डर से ले के नदी घाट अउर पगडंडियन पर जवानन के संख्या बढ़ावत 24 घंटे निगरानी कइल जा रहल बा। सरहद पर नेपाल से आवे वाले हर व्यक्ति के तलाशी के साथ आईडी के जांच कइल जा रहल बा।
बुध के वाराणसी में पकड़ल संदिग्ध युवक बासित अली के आईएसआईएस के सक्रिय सदस्य बतावल जा रहल बा। उनके पकड़इले के बाद भारत-नेपाल सीमा पर पुलिस अउर जवानन के अलर्ट कर दिहल गइल बा। एसएसबी के अलावा सुरक्षा एजेंसी चौकस बा। सीमा से जुड़ल सब रास्ता पर गश्त बढ़ा दीहल गइल बा। नाइट विजन कैमरा से लैस एसएसबी जवान सुरक्षा में जुटल बा।
नेपाल से आवे वाले यात्रियन के कड़ाई के साथ जांच कइल जा रहल बा। संदेह होखले पर आईडी के जांच अउर नाम पता नोट  क के उनके भारत में प्रवेश के अनुमति मिल रहल बा। एसएसबी सहायक कमांडेंट ललित मोहन डोभाल बतवलें कि सीमा पर सतर्कता बढ़ल बा। आवे जावे वाले यात्रियन के गहनता के साथ जांच कइल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]