[the_ad_group id="30365"]

खतौली विधानसभा सीट खाली घोषित, प्रमुख सचिव विधानसभा जारी कइलें अधिसूचना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी विधानसभा सचिवालय मुजफ्फरनगर के खतौली विधानसभा सीट के रिक्त घोषित कs दिहलस। प्रमुख सचिव विधानसभा प्रदीप दुबे  एकर अधिसूचना जारी कs देहलस। अब चुनाव आयोग जल्दिए एह सीट पर उपचुनाव के घोषणा करी।
गौरतलब बा कि आजम खां के तीन वर्ष के सजा के बाद रालोद अध्यक्ष जयंत चौधरी हालही में खतौली सीट पर सवाल उठवले रहनें। ऊ खतौली से भाजपा विधायक विक्रम सिंह सैनी के मुजफ्फरनगर एमपी-एमएलए कोर्ट द्वारा दू बरिस सजा सुनवले के हवाला देत उनकर सदस्यता भी समाप्त कइले के मांग कइले रहनें।
कानूनन विधायक चाहे सांसद के दू वर्ष चाहे ओसे अधिक के सजा होखे पर स्वत: सदन के सदस्यता समाप्त होखले के प्रावधान बा। एह आधार पर सैनी के सदस्यता सजा वाले दिन से समाप्त मानल । हालांकि विधानसभा सचिवालय एह पर न्याय विभाग से राय मांगल गइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]