[the_ad_group id="30365"]

उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक कइलें महायोगी गुरु गोरखनाथ के दर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक गोरखपुर दौरा पर बानें। शुक्क के उ क्षेत्रीय कार्यालय में पार्टी नेता अउरी जनप्रतिनिधियों के संगे बैठक भी कइलें। उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक आजु भोरे गोरखनाथ मंदिर पहुंचे। उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक महायोगी गुरु गोरखनाथ के दर्शन पूजन कइलें। एकरे सथही उ मंदिर भ्रमण के संगे ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पर फूल चढ़वलें।

बता देईं कि प्रदेश के उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक सुक्क देर साँझ गोरखपुर अइलें अउरी क्षेत्रीय कार्यालय में पार्टी नेता अउरी जनप्रतिनिधियों के साथ बैठक भी कइलें।

क्षेत्रीय कार्यालय में उपमुख्यमंत्री कहलें कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नाते गोरखपुर विकास के मॉडल बनल बा। एहमें कुछ हमार योगदान हो जाए त खुद के सौभाग्यशाली समझब। एसे पहिले क्षेत्रीय अध्यक्ष अउरी एमएलसी डॉ. धर्मेंद्र सिंह उपमुख्यमंत्री के स्वागत कइलें।

क्षेत्रीय अध्यक्ष कहलें कि नवरात्रि ह। उपमुख्यमंत्री व्रत रखले बानें, फिर भी केंद्र अउरी राज्य सरकार के जनकल्याणकारी योजना के प्रभावी क्रियान्वयन खातिर जिला के दौरा क रहल बानें। गोरखपुर मंडल के कुछ जिला से दौरा कsके गोरखपुर आइल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]