[the_ad_group id="30365"]

केला के नीचे छिपाकर ले जाइल जात रहे शराब: गोपालगंज में वाहन जांच के दौरान पिकअप से 1894 पीस बिदेसी शराब बरामद, दु गो तस्कर गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के गोपालपुर थाना क्षेत्र के डेरवा नहर पुल के लगे वाहन जांच के दौरान पुलिस एगो पिकअप के रोकके जब ओकर तलाशी लेलस तs पिक अप में लदल केला के भीतर छिपाके रखल गइल भारी मात्रा में बिदेसी शराब के खेप बरामद कइल गइल। दु गो तस्करन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

गिरफ्तार कइल गइल तस्कर के पहचान मुजफ्फरपुर जिला के सकरा थाना क्षेत्र के डोली सकरा गांव निवासी मो० समीम के बेटा मो० ईरफान आ सकरा फरीदपुर गांव निवासी संतोष कुमार के बेटा सतीश कुमार के रूप में कइल गइल।

पुलिस वाहन जांच के दौरान एगो पिकअप के रोकके जब ओकर तलाशी लेलस तs केला के अंदर छुपा के रखल गइल 1894 पीस बिदेसी शराब के टेट्रा पैक बरामद कइल गइल। बरामद शराब के बाद पुलिस दुनों तस्करन के गिरफ्तार कs के पूछताछ कर रहल बिया।

दु गो तस्कर गिरफ्तार

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि शराब के खिलाफ हमनी के अभियान लगातार जारी बा। वाहन जांच आ गुप्त सूचना के आधार पs शराब तस्करन पs कार्रवाई कइल जा रहल बा। जवना के तहत केला के अंदर छिपाके रखल गइल आ तस्करी खातिर यूपी से गोपालगंज ले जा रहल शराब के बरामद कइल गइल। संगही दुनो तस्करन के गिरफ्तार कइल गइल। जवना  पs उत्पाद अधिनियम के तहत मामला दर्ज कs के कार्रवाई कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]