[the_ad_group id="30365"]

‘हिंदू मंदिर ह ताजमहल…’, कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति न्यास चीफ कोर्ट में जल्दीए दायर करीं याचिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विवाद ‘ताजमहल हिन्दू मंदिर ह’ एक बेर फेरु कोर्ट में चहुँप सकेला। असल में श्री कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति न्यास ए मामिला के लेके कोर्ट जा सकतारे। बता दीं कि मथुरा में श्री कृष्ण जन्मभूमि विवाद आ आगरा में शाही जामा मस्जिद विवाद के लेके श्री कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति न्यास पहिले कोर्ट में गईल बाड़े। अब श्री कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति ट्रस्ट भी ताजमहल पs दावा पेश कइले बा।

बता दीं कि आगरा आइल श्री कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति न्यास के अध्यक्ष आ अधिवक्ता महेन्द्र प्रताप सिंह ताजमहल के हिन्दू मंदिर बतवले बाड़न। उ कहले बाड़े कि उ जल्दिए ताजमहल के लेके भी अदालत में याचिका दायर करीहे।

असल में श्री कृष्ण जन्मभूमि मुक्ति ट्रस्ट के अधिकारी पिछला रविवार के आगरा पहुंचल रहले। एह दौरान उनुकर मुलाकात योगी यूथ ब्रिगेड के सदस्यन से भइल। एह दौरान सदस्य लोग श्री कृष्ण जन्मभूमि आ ताजमहल से जुड़ल अपना हिस्सा के कथित ऐतिहासिक जानकारी दिहल।

एह दौरान सदस्य लोग उनुका के ओह किताबन के बारे में भी बतवले जवना में लिखल बा कि कइसे श्री कृष्ण के जन्मभूमि में रखल केशव देव के मूर्ति के आगरा ले जाके आगरा के शाही जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे दफना दिहल गईल। एकरा पs अधिवक्ता महेन्द्र प्रताप कहले कि इ दुनो मामिला कोर्ट में लंबित बा।

‘मुगल 4 लाख से अधिक मंदिर गिरा दिहले’

एह दौरान उ कहले कि मुगल काल में देश में साढ़े चार लाख मंदिर गिरावल गईल रहे। कुछ के जगह पs अउरी धार्मिक स्थल के निर्माण भइल। हमनी के एकर पूरा सूची तइयार कs रहल बानी जा। श्री कृष्ण जन्मभूमि अवुरी शाही जामा मस्जिद के फैसला के बाद ए मंदिर से जुड़ल विवाद के भी कोर्ट में दायर कईल जाई। अयीसना में मानल जाता कि एक बेर फेर ताजमहल के लेके इ विवाद कोर्ट में जा सकता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]