[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर जू में उछल कूद करत दिखल शेर भरत, तs शेरनी गौरी के दहाड़ बड़ा निक लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur Zoo : शेर के ई नया जोड़ी गोरखपुर चिड़ियाघर में आवे वाला पर्यटकन के खूबे आकर्षित करता ।जहाँ शेर भरत अपना घेरा में खूब कूदत बा ओहिजे शेरनी गौरी के गर्जना खूब निक लागत बा।

अब शहीद अशफाक उल्लाह खान जूलॉजिकल पार्क आ चिड़ियाघर, गोरखपुर में आवे वाला पर्यटकन के शेर आ शेरनी के नया जोड़ी देखे के मिली । गोरखपुर चिड़ियाघर में राज्य के सबसे पुरान शेरनी मरियम के निधन के बाद चिड़ियाघर में सिर्फ एक शेर पटौदी रह गइल रहे। एही से मरियम के पिंजरा बहुत समय तक खाली रहे। बाकि, अब चिड़ियाघर प्रशासन एगो जोड़ी नया शेर-शेरनी लेके आ रहल बा। एह में शेर भरत के उमिर 5 साल बा, जबकि शेरनी गौरी के उमिर लगभग 7 साल बा। अब ई नया शेर के जोड़ी चिड़ियाघर में आवे वाला पर्यटकन के बहुते आकर्षित करीहें । एक ओर जहां शेर भरत अपना घेरा में खूब कूदता, उहें शेरनी गौरी के गर्जना बहुत खास बा।

शेर के नया जोड़ी के आगमन से गोरखपुर चिड़ियाघर के संख्या बढ़ल बा। एहमें 5 साल के शेर भरत आ 7 साल के शेरनी गौरी शामिल बाड़ी । चिड़ियाघर के डॉक्टर योगेश के कहनाम बा कि साल 2018 में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पहल पs सक्करबाग जूलॉजिकल पार्क से 7 शेर के गोरखपुर चिड़ियाघर में ले आवल गइल। इटावा सफारी पार्क, इटावा में रखल गइल रहे। साल 2021 में शेरनी मरियम आ पटौदी के इहाँ से गोरखपुर चिड़ियाघर में ले आवल गइल रहे। बाकि, शेरनी मरियम के मौत कुछ महीना पहिले हो गइल रहे। तब से चिड़ियाघर प्रशासन एगो नया शेर ले आवे के कोशिश में लागल रहे।

भरत, गौरी एकदम स्वस्थ बाड़े 

प्रधान वन संरक्षण वन्यजीव के निर्देश प इटावा में राखल दु शेर के गोरखपुर चिड़ियाघर में ले आवे के प्रयास शुरू भइल। एकरा खातीर टीम बुधवार के इहाँ से 10 लोग के टीम आ दु ट्रक अउरी बाकी गाड़ी के संगे रवाना भइल रहे। पशु चिकित्सक डॉ योगेश बतावत बाड़न कि शेर भरत आ शेरनी गौरी के 24 बियफे का दिने चिड़ियाघर ले आवल गइल बा । उहे डाक्टर योगेश कहत बाड़न कि गोरखपुर चिड़ियाघर एह शेरन खातिर एकदम नया होखी । अइसने में शेर के शुरुआती दिन में कवनो समस्या के सामना ना करे के चाही। एकरा खातिर चिड़ियाघर के बाड़े में जरूरी बदलाव आ तैयारी कइल गइल बा। साथ ही भारत आ गौरी बिल्कुल स्वस्थ बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]