[the_ad_group id="30365"]

Legends League Cricket: इंडिया महाराजा वर्ल्ड जायंट्स के चटवलस धूल, यूसुफ पठान आ तन्मय श्रीवास्तव पलटल लो मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

LLC India Maharajas vs World Giants: लीजेंड्स लीग क्रिकेट के पहिला मैच में इंडिया महाराजा वर्ल्ड जॉइंट्स के 6 विकेट से हरा देले बा। इंडिया महाराजा खातिर तन्मय श्रीवास्तव आ युसूफ पठान शानदार पारी खेलल लो। ओहिजा, एह मैच में वर्ल्ड जॉइंट्स के कप्तान जैक कैलिस टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फसीला कइले रहस। पहिले बल्लेबाजी करे उतरर वर्ल्ड जॉइंट्स 20 ओवर में 8 विकेट प 170 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में इंडिया महाराजा 8 गेना शेष रहते खाली 4 विकेट खोके लक्ष्य के पीछा क लेलस।

केविन ओ ब्रायन कइलें ताबड़तोड़ बल्लेबाजी

वर्ल्ड जॉइंट्स के ओपनर केविन ओ ब्रॉयन 31 गेना में 51 जबकि हेमिल्टन मास्काजा 15 गेना प 18 रन के जोगदान दिहल लो। एकरा अलावे कप्तान जैक कैलिस 14 गेना प 12 रन बनवले। ओहिजा, तिषारा परेरा 16 गेना प 23 रन बनाके मोहम्मद कैफ के गेना प आउट भइलें। इंडिया महाराजा खातिर पंकज सिंह सबसे कामयाब गेंदबाज रहले। ऊ 4 ओवर में 25 रन देके 5 खिलाड़ियन के आउट कइलें। एकरा अलावे हरभजन सिंह, जोगिंदर शर्मा आ मोहम्मद कैफ के 1-1 कामयाबी मिलल।

तन्मय श्रीवास्तव आ युसूफ पठान के शानदार पारी

वर्ल्ड जॉइंट्स के 170 रन के जवाब में बल्लेबाजी करे उतरल इंडिया महाराजा के शुरूआत निम्मन ना रहल। ओपनर विरेन्द्र सहवाग 5 गेना में 4 रन बनाके आउट हो गइले, जबकि पार्थिव पटेल13 गेना में 18 रन बनवले। ओहिजा, मोहम्मद कैफ 12 गेना प 11 रन बनाके पवैलियन लौट गइले। इंडिया महाराजा 34 रन प दुनो ओपनर आ कैफ के गवा के संघर्ष करत रहे, बाकिर तन्मय श्रीवास्तव आ युसूफ पठान शानदार पारी खेलकर टीम के मुश्किल से निकाल लिहल लो। तन्मय श्रीवास्तव आ युसूफ पठान के शानदार पारी के बदौलत इंडिया महाराजा 18.4 ओवर में खाली 4 विकेट खोके मैच अपना नामे क लेलस। इरफान पठान यूसुफ पठान के संगे 9 गेना में 20 रन बनाके नाबाद रहलें।।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]