[the_ad_group id="30365"]

बारिश में बिजली ढहलस कहर, मकानो गिरल, 11 के मौत, पश्चिमी यूपी में 26 ले भारी बारिश के चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लगातार बारिश यूपी में कहर ढाहतिया। प्रदेश के अलग-अलग हिस्सा में भारी बारिश, बाढ़, बिजली के कहर अउरी मकान ढहले के घटना में 11 लोग के मौत हो गइल। फिलहाल राहत मिलले के उम्मीद भी नाइ बा। मौसम विभाग पश्चिमी उत्तर प्रदेश में 26 सितंबर ले भारी बारिश के चेतावनी जारी कइले बा। भारी बरसात अउरी एह कारण भइल कई हादसन में प्रयागराज में तीन, अलीगढ़ में तीन, फिरोजाबाद में दो, जालौन, कौशांबी अउरी फर्रुखाबाद में एकहक मनई के जान चल गइल। यूपी के कई जिला में बाढ़ के स्थिति बनल बा। छह राज्यन में अलर्ट जारी कइल गइल बा।

26 सितंबर ले भारी बारिश के चेतावनी

मौसम विभाग पश्चिमी उत्तर प्रदेश में 26 सितंबर ले भारी बारिश के चेतावनी जारी कइलें बा। मौसम बुलेटिन के मुताबिक, मध्य प्रदेश अउर आसपास चक्रवातीय दबाव काम कर रहल बा। टर्फ लाइन भी एही क्षेत्र से बंगाल के खाड़ी के उत्तर पश्चिम कर ओर चल रहल बा। सथही पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय बा। एही दौरान हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड समेत पश्चिमी उत्तर प्रदेश में भारी बारिश के आसार बा।

मौसम विभाग जौने इलाका में बारिश के आसार जतावल जा रहल बा ओमें अलीगढ़, हाथरस, आगरा, मथुरा, फिरोजाबाद में भारी बारिश के आसार बा, जबकि प्रदेश के अधिकतर जिला खातिर यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। जहवाँ बारिश के संगे-संगे आंधी-तूफान के आसार जतावल गइल बा। एही बीच बरेली खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी करत अत्यधिक भारी बारिश के आसार जतावल गइल बा।

25 अउरी 26 में सीतापुर, लखीमपुर खीरी, शाहजहांपुर, पीलीभीत, बरेली, बांदा आदि इलाकन में भारी बारिश के आसार समेत अन्य इलाकन में गरज-चमक अउर आंधी-तूफान के संभावना जतावल जा रहल बा। एही बीच बारिश पूरा प्रदेश में कहीं जियादा त कहीं कम होत रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]