[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी बाढ़ प्रभावित क्षेत्रन के लेहलें जायजा, बोललें- दू दिन में बांटल जाव अनाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक्क जिला के बाढ़ प्रभावित क्षेत्रन के हवाई सर्वेक्षण कइलें। प्रभावित क्षेत्रन के जायजा लेहला के बाद उ प्रशासनिक अधिकारियन के निर्देश दिहलें कि हर हाल में दू दिन के अंदर बाढ़ प्रभावित गांव में अनाज वितरण करा दिहल जाव।

मुख्यमंत्री डीएम कृष्णा करूणेश के निर्देश दिहलें कि प्रभावित गांवन में राहत कार्य में तेजी लावल जाय। लोग अउर जानवरन के सुरक्षित स्थान पर ठहरावे के व्यवस्था करी। इलाज अउरी खइले-पियले के इंतजाम कइल जाय। केहू के कौनो दिक्कत न होखे पावे।

जिला आपदा प्रबंध प्राधिकरण अउरी सिंचाई विभाग के मुताबिक सरयू नदी में आइल बाढ़ से गोला तहसील क्षेत्र के 41 अउर खजनी क्षेत्र के पांच गांव पूरा चाहे आंशिक रूप से प्रभावित बानें। एह गांव के लोग के मदद खातिर 40 नाव लगा दीहल गइल बा।

डीएम बतवलें कि दू दिन के भीतर सब गांव में अनाज के वितरण सुनिश्चित करा दिहल जाई। मेडिकल के टीम 24 घण्टा लागल रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]