[the_ad_group id="30365"]

सजी महराजगंज महोत्सव के महफिल, प्रतिभा देखइहे कलाकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तीन बरिस बादे सही, जिला में एक बेर फिर महराजगंज महोत्सव के महफिल सजी। एक से तीन अक्तूबर के बीच में जवाहर लाल नेहरू स्मारक पीजी कॉलेज में रंगारंग प्रस्तुतियन के बीच जहवाँ महोत्सव के आयोजन होई, उहवें ओमें हिस्सा लेत स्कूली विद्यार्थी से लेके देश के नामचीन कलाकार दर्शकन के मनोरंजन करिहें।

जिला प्रशासन के ओर से महोत्सव के बेहतर ढंग से संपन्न करावे खातिर नियमित रूप से समीक्षा कइल जा रहल बा। कोशिश कइल जा रहल बा कि महोत्सव खाली ऐतिहासिक होखे, बलुक ओके लमहर समय ले लोग याद भी रखें। तीन दिवसीय कार्यक्रम के हर दिन चार चरण में बांटल गइल बा अउरी नोडल अधिकारी के रूप में अधिकारियन के जवाबदेेही तय कइल गइल बा।

ई होई कार्यक्रम

पहिला दिन– एक अक्तूबर के दूपहर 12 बजे से दू बजे ले महोत्सव के शुभारंभ होई। दू से तीन बजे ले अंतर विद्यालयी सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित होई। सथही विज्ञान प्रदर्शनी अउरी रंगोली प्रतियोगिता भी होई। तीन से साढ़े चार बजे ले स्कूली बच्चा के सांस्कृतिक कार्यक्रम (एकल), महराजगंज के इतिहास पर गोष्ठी अउरी कफन नाटक के प्रस्तुति होई। साँझ छह बजे से अमित अंजन के प्रस्तुति होई अउरी रात आठ से 12 बजे ले डॉ. कुमार विश्वास अउरी उनकर टीम के ओर से कवि सम्मेलन होई।

दूसरा दिन– जिला के स्थापना दिवस पर दू अक्तूबर के दूपहर 12 बजे से एक बजे ले अंतर विद्यालयीय सांस्कृतिक प्रतियोगिता होई। दूपहर 12.30 से तीन बजे के बीच मेें विज्ञान प्रदर्शनी, खादी फैशन शो अउरी फ्लावर एंड प्लांट शो के आयोजन होई। तीन से चार बजे ले मिशन शक्ति पर कार्यक्रम होई। चार से साढ़े पांच बजे स्थानीय कलाकारन के ओर से प्रस्तुति दीहल जाई। साढ़े पांच बजे से छह बजे ले शहीद भगत सिंह नाटक के प्रस्तुति होई।

तीसरा दिन– तीसरा अउरी अंतिम दिन तीन अक्तूबर के दूपहर 12 बजे से तीन बजे ले विज्ञान प्रश्नोत्तरी प्रतियोगिता, डेढ़ से तीन बजे ले अंतर विद्यालयीय सांस्कृतिक कार्यक्रम, तीन से चार बजे ले अलग प्रतियोगिता में बेेहतर प्रदर्शन करे वाले कलाकार के पुरस्कृत कइल जाई। एकरे बाद स्थानीय कलाकारों की प्रस्तुति के साथ ही मैजिक शो होई। रात नौ से 12 बजे तक भजन गायक अनूप जलोटा के प्रस्तुति होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]