[the_ad_group id="30365"]

कंपनियन में छंटनी के दौर जारी, अब पेप्सिको बना रहल सैकड़न कर्मचारियन बर्खास्त करे के योजना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर, अमेजन, फेसबुक के बाद अब पेप्सिको कंपनियो कर्मचारियन के छंटनी के योजना बना रहल बा। वॉल स्ट्रीट जर्नल के अनुसार पेप्सिको इंक अपने न्यूयॉर्क हेड ऑफिस के स्नैक अउर बेवरेज इकाइयन से जुड़ल 100 से अधिक कर्मचारियन के बर्खास्त करे के योजना बना रहल बा। रिपोर्ट में बतावल गइल कि कंपनी ई निर्णय संगठन के सरल बनवला के इरादा से कइले बानें। हालांकि, पेप्सिको के प्रवक्ता छंटनी ले ले के अभिन कौनो आधिकारिक बयान नइखे जारी कइले।

कंपनी बतवलस छंटनी के वजह

जर्नल के अनुसार कर्मचारियन के भेजल गइल एगो मेमो में, पेप्सिको कर्मचारियन से कहलस कि छंटनी के उद्देश्य संगठन के सरल बनावल बा, ताकि हमनी के ढ़ेर कुशलता से काम कs सकीं जा। उहवें लोग कहल कि पेय व्यवसाय में कटौती भारी होई काहेसे कि स्नैक्स यूनिट स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति कार्यक्रम के साथ पहिले से ही छंटनी कइले बा।

अमेरिकी बाजार पर दिखे लागल बीय मंदी के असर

अनिश्चित आर्थिक वातावरण अउर मुद्रास्फीति के दृढ़ता विभिन्न प्रकार के उद्योगन में कंपनियन के परेशान कs देहले बा अउर उनके लागत पर कटौती करे खातिर प्रेरित कइले बा। नेशनल पब्लिक रेडियो हायरिंग के प्रतिबंधित कs रहल बा अउर वार्नर ब्रदर्स डिस्कवरी इंक के सीएनएन नौकरियों में कटौती कs रहल बा जइसन कि कई अन्य मीडिया दिग्गज बानें। एह बीच Amazon.com Inc., Apple Inc. अउर Meta Platforms Inc. समेत बड़ टेक कंपनियन में हजारों कर्मचारियन के नौकरी से निकाल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]