[the_ad_group id="30365"]

इतिहास के सबसे बड़ छंटनी करे जा रहल बा अमेजन, 20 हजार से बेसी कर्मचारी हो सकsतने बहरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर, गूगल, फेसबुक, पेप्सिको के बाद अब अमेजनो बड़ स्तर पर कर्मचारियन के छंटनी करे वाला बा। कम्प्यूटर वर्ल्ड के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, आवे वाले महीना में अमेजन करीब 20 हजार कर्मचारियन के छंटनी के योजना बना रहल बा।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ई दिग्गज कंपनी अपने विभिन्न विभागन से कर्मचारियन के बाहर कइले पs विचार कs रहल बा, जेमें डिस्ट्रिब्यूशन वर्कर, कॉर्पोरेट एक्सक्यूटिव अउर तकनीकी स्टाफ शामिल हो सकsता।

दोगुना होई बाहर होखे वाले कर्मचारियन के संख्या

पिछले महीना जारी मीडिया रिपोर्ट्स में कहल गइल रहे कि अमेजन करीब 10 हजार कर्मचारियन के बाहर कs सकsतिया, जौन तकनीकी कंपनियन के इतिहास में सबसे बड़ छंटनी होई। हालांकि, अब सोझे आइल बा कि कंपनी दोगुना कर्मचारियन के बाहर के रास्ता दिखा सकतिया। सूत्रन के मानल जाव त अमेजन कंपनी के शीर्ष प्रबंधन अपने मैनेजर्स से कर्मचारियन के परफार्मेंस से जुड़ल रिपोर्ट तलब कइले बा।

24 घंटा के नोटिस अउर कर्मचारी बहरा

सूत्रन के कहनाम बा कि कंपनी के अनुबंध के अनुसार अमेजन अपने बर्खास्त कइल जाए वाले कर्मचारियन के 24 घंटा के नोटिस अउर अतिरिक्त भत्ता दे के बाहर के रास्ता देखा देईं। बता देईं, कोरोना महामारी के दौरान अमेजन के ओर से कर्मचारियन के ओवर-हायरिंग कइल गइल रहे। अब कॉस्ट कटिंग के तहत एह उपायन के लागू कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]