[the_ad_group id="30365"]

LAC: उत्तराखंड के औली में होई भारत-अमेरिकी युद्धाभ्यास, चीन के कइल जाई खबरदार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन के लद्दाख में घुसपैठ अउर विस्तारवादी मंसूबा से खबरदार करे खातिर भारत अउर अमेरिकी फौज उत्तराखंड के औली अउर बंगाल के खाड़ी में संयुक्त युद्धाभ्यास (Joint Exercise) करे जा रहल बा। भारत अउर अमेरिका 15 नवंबर से 2 दिसंबर ले ई साझा सैन्य अभ्यास करी।

वास्तविक नियंत्रण रेखा एलएसी पर चीन के साथ तनातनी के बीच भारत अमेरिका समेत कई देश के साथ बड़ पैमाना पर सैन्य अभ्यास के फैसला कइले बा। उत्तराखंड के औली में भारत अउर अमेरिका के बीच जमीनी सैन्य अभ्यास होई। ई LAC से लगभग 100 किलोमीटर के दूरी पर बा। एज दौरान बंगाल के खाड़ी में युद्धपोत, पनडुब्बियां, लड़ाकू विमान अउर हेलीकॉप्टर तैनात कइल जाई। बुध के ही भारत बंगाल के खाड़ी में सिंगापुर के साथ सैन्य अभ्यास शुरू कइलस।

8 से 18 नवंबर ले मालाबार अभ्यास

एही बीच, 8 से 18 नवंबर तक मालाबार युद्धाभ्यास भी होई। एमें क्वाड देश भारत, अमेरिका, जापान अउर ऑस्ट्रेलिया के सेना शामिल होई। दरअसल, भारत क्वाड देश के साथ कई सैन्य अभ्यास के योजना बनवले बा। एमें मालाबार अभ्यास के अलावा चीन के निगचे वास्तविक नियंत्रण रेखा LAC के लगहीं अमेरिका के संगे ऊंचाई पर साझा अभ्यास शामिल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]