एजुकेशन डेस्क। केंद्रीय विद्यालय संगठन (KVS) के तरफ से बाल वाटिका आ कक्षा एक में एडमिशन खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 2 अप्रिल तय कइल गइल बा। एह से जवन माता-पिता अपना लईकन के केंद्रीय विद्यालय में पढ़ावल चाहत बा लोग, ऊ लोग बिना देरी कइले आवेदन प्रक्रिया पूरा कs लेवे। काल्ह के बाद एप्लीकेशन विंडो बंद हो जाई।
ऑनलाइन भरल जा सकेला फॉर्म
KVS बाल वाटिका 1, 2, 3 आ कक्षा 1 में दाखिला खातिर आवेदन ऑनलाइन माध्यम से कइल जा सकेला। अभिभावक लोग KVS के ऑफिशियल वेबसाइट kvsangathan.nic.in पs जाके फॉर्म भर सकेला।
आयु सीमा (उमिर सीमा)
- बाल वाटिका 1: 3 से 4 साल
- बाल वाटिका 2: 4 से 5 साल
- बाल वाटिका 3: 5 से 6 साल
- कक्षा 1: 6 से 8 साल
आवेदन प्रक्रिया
- सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।
- होम पेज पs एडमिशन लिंक पs क्लिक करीं।
- रजिस्ट्रेशन (पंजीकरण) लिंक पs क्लिक करीं।
- मांगल गइल जानकारी भर के रजिस्ट्रेशन पूरा करीं।
- लॉगिन कs के बाकी डिटेल भर के फॉर्म सबमिट करीं।
- अंत में भरल फॉर्म के प्रिंटआउट निकाल के सुरक्षित रख लीं।
निशुल्क बा आवेदन
अभिभावकन खातिर राहत के बात बा कि आवेदन फॉर्म पूरा तरे से मुफ्त बा। कवनो तरे के फीस जमा करे के जरूरत नइखे।
एह दिन जारी होई मेरिट लिस्ट
आवेदन प्रक्रिया पूरा होखला के बाद KVS प्रोविजनल मेरिट लिस्ट जारी करी।
- बाल वाटिका 1, 2 आ 3 खातिर लिस्ट 8 अप्रिल 2026 के आई।
- कक्षा 1 खातिर मेरिट लिस्ट 9 अप्रिल 2026 के जारी होई।
Read Also: West Asia Crisis : कमर्शियल LPG सिलिंडर 195 रुपिया महंगा, आज से नया दर लागू









