[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर: अनियंत्रित एंबुलेंस पेड़ से लड़ल, एक लोग के भइल मौत, तीन लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर से शव ले के बिहार के गोपालगंज जा रहल एगो तेज रफ्तार एंबुलेंस रविवार भोर में प्रेमवलिया गांव के पास अनियंत्रित हो के सड़क किनारे एगो पेड़ से टकरा गइल। दुर्घटना में चालक के मौत हो गइल, जबकि तीन लोग घायल हो गइलें। घायलन के कसया सीएचसी भेजल गइल। एक लोग के कसया सीएचसी में इलाज चल रहल बा जबकि दूसर दू लोग घायल गोपालगंज चल गइलें।

गोपालगंज के एगो व्यक्ति के शनिचर रात एगो निजी चिकित्सालय में इलाज के दौरान मौत हो गइल रहे। भोर में परिजन शव ले के एगो निजी एंबुलेंस से गोपालगंज लौटत रहलें। एंबुलेंस अभिन कसया थाना क्षेत्र के प्रेमवलिया गांव के लग्गे पहुचल रहल, एही बीच रफ्तार तेज होखले पs चालक एंबुलेंस पर नियंत्रण नाइ रहल अउर वाहन हाईवे किनारे पेड़ से जा टकरा गइल। एही दौरान एगो राहगीर आसपास के लोग के बुला के घायलन के बाहर निकलववलें अउर कसया सीएचसी भेजलें।

उहाँ से एम्बुलेंस कर्मचारी के जिला अस्पताल ले जाए के दौरान गोरखपुर जिला के तिवारीपुर थाना निवासी सुशांत गौर (22 साल) के रास्ता में मौत हो गईल। गोरखपुर निवासी एम्बुलेंस चालक सलमान समेत दू लोग के मामूली चोट लागल बा। कसया सीएचसी में सलमान के इलाज चल रहल बा। दू जनी अउरी लोग इलाज खातिर गोपालगंज गइल।

उनकर नाम पता नाइ चल पवले बा। पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके जरूरी कार्रवाई में जुटल बिया। कसया के थानाध्यक्ष आशुतोष तिवारी बतवले कि दुर्घटना के सूचना मिल चुकल बा। दुर्घटना में मरे वाला सुशांत गौड़ के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गईल बा जबकि पहिले के लाश मरे वाला के परिजन ले गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]