Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक के सेरुकहाँ गांव के देवेंदर पांडेय के भइल सड़क दुर्घटना मे मौत, घर वालन मे मचल कोहराम

843

मशरख (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत खजुरी पंचायत के सेरुकहाँ गांव निवासी देवेंदर पांडेय के सड़क दुर्घटना मे मौत हो गइल। ममिला मे सूत्रन से पता चलल कि देवेंदर पांडेय अपना घरे सेरुकहाँ से बाईक चला के छपरा जात रहनें तब्बे, गौरा के लग्गे पीछे से ट्रक ओभर टेक कs के बाईक सवार के टक्कर मरलस आ कचर के फरार हो गइल। जवना से बाईक सवार के मवके मौत हो गइल।

मौत के सूचना पा के गौरा ओपी थाना के गस्ती दल घटना स्थल पर पहुंचल मृतक के लाश के अपना कब्जा मे ले के पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज दिहलस। परिजन लोग के बिचे मौत के खबर मिलतही कोहराम मच गइल। मामिला मे गौरा थाना पुलिस जांच पड़ताल कs रहल बिया।

400800cookie-checkमशरक के सेरुकहाँ गांव के देवेंदर पांडेय के भइल सड़क दुर्घटना मे मौत, घर वालन मे मचल कोहराम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.