[the_ad_group id="30365"]

मशरक के सेरुकहाँ गांव के देवेंदर पांडेय के भइल सड़क दुर्घटना मे मौत, घर वालन मे मचल कोहराम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरख (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत खजुरी पंचायत के सेरुकहाँ गांव निवासी देवेंदर पांडेय के सड़क दुर्घटना मे मौत हो गइल। ममिला मे सूत्रन से पता चलल कि देवेंदर पांडेय अपना घरे सेरुकहाँ से बाईक चला के छपरा जात रहनें तब्बे, गौरा के लग्गे पीछे से ट्रक ओभर टेक कs के बाईक सवार के टक्कर मरलस आ कचर के फरार हो गइल। जवना से बाईक सवार के मवके मौत हो गइल।

मौत के सूचना पा के गौरा ओपी थाना के गस्ती दल घटना स्थल पर पहुंचल मृतक के लाश के अपना कब्जा मे ले के पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेज दिहलस। परिजन लोग के बिचे मौत के खबर मिलतही कोहराम मच गइल। मामिला मे गौरा थाना पुलिस जांच पड़ताल कs रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]