Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बस के टक्कर से बाइक सवार दु जुवकन के दौरे पs मौत

545

कोपा (सारण): छपरा से एगो दर्दनाक खबर आ रहल बा। छपरा सीवान मुख्य पथ NH-531 पर बसडीला गांव के निचिका बाइक आ बस में जोरदार टक्कर हो गइल बा। जवना से बाइक सवार दु जुवकन के घटना स्थल पे हो गइल।

मृत जुवकन के पहिचान रामनगर चौखरा गांव के रहनिहार स्व० कृष्ण सिंह के 22 बरिस के लईका नीतीश कुमार आ  बिजेंद्र सिंह के 24 बरिस के लईका अनीश कुमार सिंह के रूप में भइल।

घटना के बाद लोग रोड के जाम कs दिहल। ओहिजा दुर्घटना के बाद मौका पर पहुंचल पुलिस जाम के हटववलस आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहल।

402060cookie-checkबस के टक्कर से बाइक सवार दु जुवकन के दौरे पs मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.