[the_ad_group id="30365"]

बस के टक्कर से बाइक सवार दु जुवकन के दौरे पs मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोपा (सारण): छपरा से एगो दर्दनाक खबर आ रहल बा। छपरा सीवान मुख्य पथ NH-531 पर बसडीला गांव के निचिका बाइक आ बस में जोरदार टक्कर हो गइल बा। जवना से बाइक सवार दु जुवकन के घटना स्थल पे हो गइल।

मृत जुवकन के पहिचान रामनगर चौखरा गांव के रहनिहार स्व० कृष्ण सिंह के 22 बरिस के लईका नीतीश कुमार आ  बिजेंद्र सिंह के 24 बरिस के लईका अनीश कुमार सिंह के रूप में भइल।

घटना के बाद लोग रोड के जाम कs दिहल। ओहिजा दुर्घटना के बाद मौका पर पहुंचल पुलिस जाम के हटववलस आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]