[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर : सड़क दुर्घटना के जांच करे जात रहे इंस्पेक्टर के मउत, आनंद शंकर सिंह 1992 में बनल रहले इंस्पेक्टर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शनिचर के रात कुशीनगर के पड़रौना में पिकअप के टक्कर से तीन लोग के मउत के मामिला के जाँच करे जात कोतवाली में तैनात इंस्पेक्टर आनंद शंकर सिंह के सड़क दुर्घटना में मउत हो गइल। सोमार के सबेरे करीब आठ बजे पदरौना-खड्डा सड़क पs बंधु छपरा गांव के नजदीक भईल इ हादसा। उ जवना घटना के चर्चा करे जात रहले उहो बंधु छपरा गांव के नजदीक भईल रहे।

जौनपुर जिला के जलालपुर थाना क्षेत्र के अंतर्गत छितईपुर गांव के निवासी आनंद शंकर सिंह 1992 के बैच इंस्पेक्टर रहले। उ कोतवाली इलाका के सर्कल नंबर चार के प्रभारी रहले। शनिचर के देर साँझ बंधु छपरा के लगे बाइक सवार तीन जने के पिकअप से टकरा के मउत हो गइल। आनंद शंकर सिंह सोमार के सबेरे बाइक से ए मामला में विवेचना करे जात रहले।

फेर ओही जगहा एगो तेज रफ्तार ट्रक उनका बाइक से टकरा गइल। तुरंत उनुका के जिला अस्पताल पहुंचावल गईल। गंभीर हालत देख डॉक्टर मेडिकल कॉलेज गोरखपुर रेफर क देले। रास्ता में उनुकर मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद चालक ट्रक छोड़ के फरार हो गईल। पुलिस ट्रक के हिरासत में ले लेले बिया। एसपी धवल जायसवाल बतवले कि निरीक्षक जांच खातीर जात रहले। ए दौरान दुर्घटना में उनुकर मउत हो गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]