[the_ad_group id="30365"]

बिहार में बेकाबू थार के कहर, बाइक सवार चार लोगन के रउदलस, महिला समेत तीन के मौत; नशा में धुत्त चालक गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के पश्चिम चंपारण में तेज रफ्तार थार तीन लोगन के जान ले लेलस। मनुआपुल-बेतिया मुख्य मार्ग में निर्माणाधीन छावनी ओवरब्रिज से 50 मीटर पश्चिम एगो थार जीप सोमार के रात 8:15 बजे चार लोगन के रउद देलस, जेमे महिला समेत तीन के मौत हो गइल बा।

ओहिजा, सिरिसिया ओपी क्षेत्र के एकरहिया गांव निवासी कुंदन कुमार (19 साल) के हालत गंभीर बा। बतावल जा रहल बा कि सब घायल आ मृतक दु गो बाइक पs सवार रहे लो। थार जीप चालक के पहचान मनुआपुल थाना के भरपटिया गांव निवासी रणविजय उर्फ बड़े सिंह के रूप में कइल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि चालक नशा में धुत्त रहे। पुलिस आरोपित के गिरफ्तार कs लेले बिया। मृतकन में कालीबाग ओपी के समीर कुमार (22 साल) आ सिरिसिया ओपी क्षेत्र के एकरहिया गांव निवासी नितेश कुमार (22 साल) सामिल बा लो। अभी तक मृत महिला के पहचान नइखे हो सकल।

प्रत्यक्षदर्शियन के कहनाम बा कि नशा में धुत्त थार जीप चालक सर्विस लेन के तुड़के दुगो अलग-अलग बाइक से जा रहल चार लोगन के रउद देलस। नगर थाना के थानाध्यक्ष राजीव कुमार बतवलें कि महिला समेत तीन के मौत हो गइल बा। थार जीप के जब्त कs के चालक के गिरफ्तार कइल गइल बा। ओकर जांच करावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]