Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में बेकाबू थार के कहर, बाइक सवार चार लोगन के रउदलस, महिला समेत तीन के मौत; नशा में धुत्त चालक गिरफ्तार

बेतिया में सोमार के देर सांझ एगो थार जीप बाइक सवार चार लोगन के रउद देलस। जेमे महिला समेत तीन के मौत हो गइल बा। एगो जुवक के हालत गंभीर बा। बतावल गइल कि चालक नशा में धुत्त रहे। घटना मनुआपुल-बेतिया मुख्य मार्ग में निर्माणाधीन छावनी ओवरब्रिज के लगे के हs। पुलिस आरोपित चालक के गिरफ्तार कs लेले बिया।

341

बिहार के पश्चिम चंपारण में तेज रफ्तार थार तीन लोगन के जान ले लेलस। मनुआपुल-बेतिया मुख्य मार्ग में निर्माणाधीन छावनी ओवरब्रिज से 50 मीटर पश्चिम एगो थार जीप सोमार के रात 8:15 बजे चार लोगन के रउद देलस, जेमे महिला समेत तीन के मौत हो गइल बा।

ओहिजा, सिरिसिया ओपी क्षेत्र के एकरहिया गांव निवासी कुंदन कुमार (19 साल) के हालत गंभीर बा। बतावल जा रहल बा कि सब घायल आ मृतक दु गो बाइक पs सवार रहे लो। थार जीप चालक के पहचान मनुआपुल थाना के भरपटिया गांव निवासी रणविजय उर्फ बड़े सिंह के रूप में कइल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि चालक नशा में धुत्त रहे। पुलिस आरोपित के गिरफ्तार कs लेले बिया। मृतकन में कालीबाग ओपी के समीर कुमार (22 साल) आ सिरिसिया ओपी क्षेत्र के एकरहिया गांव निवासी नितेश कुमार (22 साल) सामिल बा लो। अभी तक मृत महिला के पहचान नइखे हो सकल।

प्रत्यक्षदर्शियन के कहनाम बा कि नशा में धुत्त थार जीप चालक सर्विस लेन के तुड़के दुगो अलग-अलग बाइक से जा रहल चार लोगन के रउद देलस। नगर थाना के थानाध्यक्ष राजीव कुमार बतवलें कि महिला समेत तीन के मौत हो गइल बा। थार जीप के जब्त कs के चालक के गिरफ्तार कइल गइल बा। ओकर जांच करावल जा रहल बा।

602200cookie-checkबिहार में बेकाबू थार के कहर, बाइक सवार चार लोगन के रउदलस, महिला समेत तीन के मौत; नशा में धुत्त चालक गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.