[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: बेयपारी के करंट से झुलसावे वाला आरोपी के भेजल गइल जेल, नाराज परिजन लगवले रहे लो जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बेयपारी आशीष जायसवाल के खजनी कस्बा में हार्डवेयर के दुकान बा। उनका दुकान से मयंक मिश्रा उधारी पs एक महीना पहिले सामान लेले रहे। आरोप बा कि 11 जुलाई के रुपिया वापस मांगे पs मयंक अपना साथियन के साथे उनका के दउरा लेलस। आशीष जान बचावे खातिर पड़ोसी के घर के छत पs गइल रहलें। एह दौरान हाईटेंशन तार के चपेट में आ गइल रहस।

गोरखपुर के खजनी में उधार के रुपिया वापस मांगे पs हार्डवेयर बेयपारी के करंट से झुलसावे के आरोपी मयंक धर मिश्रा उर्फ डब्लू के पुलिस मंगर के जेल भेज देलस। एकरा के लेके सोमार के बेयपारी परिजन के संगे उग्र प्रदर्शन कइले रहे लो, जवना के बाद हरकत में आइल पुलिस आरोपी के दबोच लेले रहे।

बेयपारी आशीष जायसवाल के खजनी कस्बा में हार्डवेयर के दुकान बा। उनका दुकान से मयंक मिश्रा उधारी पs एक महीना पहिले सामान लेले रहे। आरोप बा कि 11 जुलाई के रुपिया वापस मांगे पs मयंक अपना साथियन के साथे उनका के दउरा लेलस। आशीष जान बचावे खातिर पड़ोसी के घर के छत पs गइल रहलें। एह दौरान हाईटेंशन तार के चपेट में आ गइल रहस। ओने, घरवालन के आरोप बा कि मयंक अंकल के छत से धक्का दे देलस, जवना से ऊ हाईटेंशन तार के करंट के चपेट में आके झुलस गइलें। लखनऊ में ओकर उपचार चल रहल बा।

एकरा के लेके सोमार के बेयपारी लोग जबरदस्त प्रदर्शन कइल रहे । आरोपी के पुलिस सोमार के देर सांझ के गिरफ्तार कइले रहे। मंगर के कोर्ट में पेश कs के जेल भिजवा देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]