[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर: जिला अस्पताल में बुजुर्ग मरीजन खातिर जिरियाट्रिक वार्ड बन के तैयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला अस्पताल में बुजुर्ग मरीजन खातिर जीरियाट्रिक वार्ड बन गइल बा। इहां एकही छत के नीचे भूतल पर बुजुर्ग मरीजन के इलाज से संबंधी हर सुविधा मिली। उनके दवा से ले के फिजिकल चेकअप तक खातिर एने-ओने भटके के नाइ पड़ी। ऑक्सीजन सुविधा से युक्त एह वार्ड में दस मरीज भर्ती कइल जा सकेने।

जिला अस्पताल के ओपीडी अउर इमरजेंसी कक्ष के मिला के तकरीबन डेढ़ हजार मरीज प्रतिदिन इलाज खातिर आवेने। एहमें बुजुर्ग मरीजो होनें। जौने मरीजन के भर्ती करे के जरूरत पड़sला, उनके वार्ड में भर्ती कs दिहल जाला। ई बुजुर्ग मरीजो दूसर मरीजन के सथही वार्ड में भर्ती कइल जालें, लेकिन अब शासन अइसे मरीजन के इलाज खातिर अलग वार्ड बनावे के निर्देश दिहले बानें।

जीरियाट्रिक वार्ड खासकर ओ बुजुर्ग मरीजन खातिर बनावल जाला, जे बेहद कमजोर अउर चले-फिरे से असमर्थ होलें। उनके खातिर एह जीरियाट्रिक वार्ड में ही चिकित्सा संबंधी सब सुविधा मुहैया करावल जाई। एह वार्ड में खाली बुजुर्ग मरीज भर्ती कइल जइहें, जे शुगर, ब्लड प्रेशर, हाइपरटेंशन, पैरालिसिस (फालिस) सहित दूसर बीमारियन से ग्रस्त होइहें।

एह वार्ड में भी मरीजन के भर्ती होखले पर ठंड से बचाव के पूरा इंतजाम कइल जाई। शारीरिक परीक्षण खातिर जरूरी सुविधा मुहैया करावल जाई। मरीज के स्थिति का बा, उनके कौन उपचार के जरूरत बा। इनकर निगरानी कइल जाई। एही वार्ड में मरीज के दवाइयो उपलब्ध होई। एकरे अलावा मरीजन के जांच अउर रहले-खइले के सुविधा मुहैया होई।

बुजुर्ग मरीजन के इलाज खातिर शासन जीरियाट्रिक वार्ड बनावे के निर्देश दिहलें। ओ निर्देश के क्रम में पुरान लेबर रूम अउर वार्ड के जिरियाट्रिक वार्ड के रूप में तैयार करा दिहल गइल बा। दस बेड के एह वार्ड में बुजुर्ग मरीजन के चिकित्सा के सब सुविधाएं मुहैया करावल जाई। शारीरिक रूप से कमजोर, चलले फिरले में असमर्थ, शुगर, ब्लड प्रेशर, हाइपरटेंशन, पैरालिसिस सहित विभिन्न बीमारियन से ग्रस्त बुजुर्ग मरीजन के भर्ती कइल जाई। खान-पान के ध्यानो रखल जाई।
डॉ. एसके वर्मा, सीएमएस, जिला अस्पताल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]