[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर जिला के 20 गांव में 42 लाख से लगावल जाई सोलर लाइट, रोशन होई गांव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योगी सरकार प्रदेश के प्रत्येक जिला में 20 गांव के सार्वजनिक स्थान पर सोलर लाइट लगवावल जाई। हर गांव में 10 सोलर लाइट लगावल जाई। पहिले चरण में एक जिला पर करीब 42 लाख रुपया खर्च कइल जाई। एक सोलर लाइट के कीमत करीब 22 हजार रुपया होई।

प्रदेश में अलग-अलग सरकार गांव में सोलर लाइट लगवले के प्रावधान कइले रहे। सपा सरकार में लोहिया समग्र गांव के चयन कsके ओमें आवास के अलावा सोलर लाइट लगावल जात बा। योगी आदित्यनाथ जब मुख्यमंत्री बनलें त ऊ योजना के नाम बदल के मुख्यमंत्री विकास योजना कर दिहलें। अब एकर नाम बाबू जी कल्याण सिंह ग्राम उन्नति योजना कs दिहल गइल बा।

योजना के तहत गोरखपुर के 20 गांव के चयन कइल गइल। एक गांव में 10 सोलर लाइट लगावल जाई। सोलर लाइट लगावे खातिर गांव के चयन डीपीआरओ के माध्यम से कइल जा रहल बा। अब ले 10 गांव के चयन कs के सूची नेडा के उपलब्ध करा दीहल गइल बा।

शेष 10 गांव के चयन के प्रक्रिया चल रहल बा। सोलर लाइट में छह मीटर के पैनल लगावल जाई, जेमें 12 वाट के एलईडी होई। जनपद में एक बेर में 42 लाख रुपया के सोलर लाइट लगावल जाई।

नेडा परियोजना अधिकारी वीके मल्ल कहनें कि बाबू जी कल्याण सिंह ग्राम उन्नति योजना के तहत जिला के 20 गांव के चयन कs के सोलर लाइट लगावल जाई। हर गांव में सार्वजनिक स्थान पर 10 सोलर लाइट लगावल जाए के बा। एह पर करीब 42 लाख रुपया खर्च होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]