[the_ad_group id="30365"]

बिहार : अब ऑनलाइन एक क्लिक में मिली दस्तावेज के नकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेतिया में अब कवनो जमीन मालिक के अपना निबंधित जमीन के दस्तावेज प्राप्त करे खातिर निबंधन कार्यालय के चक्कर लगावे के जरूरत ना पड़ी। बलुक घरे बइठल ऑनलाईन दस्तावेजन के सच्ची प्रतिलिपि प्राप्त कs लिहल जाई। एह खातिर सब दस्तावेज ऑनलाइन अपलोड कs दिहल गइल बा। ऑनलाइन अपलोड कइला के संगही बेतिया के जिला अवर निबंधन कार्यालय में ई सुविधा बहाल हो गइल बा।

एमे दस्तावेज लेवे खातिर आवेदक के गूगल पर जाके भूमि जानकारी पर क्लिक करे के होई। फेर एमे मांगल गइल जानकारी देला के बाद भू-स्वामी के नाम, खाता आ खेसरा संख्या देवे के होई। एकरा बाद निर्धारित शुल्क के भुगतान आनलाइन अपना खाता से कs देवे के होई। ई सारा प्रक्रिया पूरा कइला के बाद ऑनलाइन दस्तावेज प्राप्त हो जाई। जिला अवर निबंधन पदाधिकारी अमरेन्द्र कुमार बतवलें कि वर्तमान में एह कार्यालय के बरिस 2005 से 2022 के ओइसन सब दस्तावेजन के अपलोड कर दिहल गइल बा। एह अवधि के बीच के सब दस्तावेज लोग जब चाहें प्राप्त कर सकेला।

ऊ बतवलें कि अब तक जिला अवर निबंधन कार्यालय, बेतिया से जुड़ल डेढ़ लाख से अधिक दस्तावेजन के वेबसाइट पर अपलोड कइल गइल बा। ई सब दस्तावेज पिछला 17 बरिस के अवधि के बा। एकरा पहिले के दस्तावेजन के ऑनलाइन अपलोड करे के प्रक्रिया जारी बा। जिला अवर निबधन पदाधिकारी श्री कुमार बतवलें कि आवे वाला समय में एह कार्यालय से बरिस 1974 तक के दस्तावेज ऑनलान प्राप्त होखे लागल।

ऑनलाइन दस्तावेज निकाले खातिर प्रति दस्तावेज सात सौ रुपिया देवे के होई। ई राशि ऑनलाइन भू-धारक के द्वारा भुगतान कइल जाई। एकरा खातिर कवनो बैंक के शाखा में जाये के जरूरत ना पड़ी। अब तक अपना दस्तावेजन के द्वितीयक कॉपी खातिर जमीन के बाबत जानकारी देला के बाद कइयन दिनन तक इंतजार करे के पड़त बा। एह बेवस्था के लागू होखला के बाद दस्तावेज तुरंत मिल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]