Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुशीनगर मुठभेड़ में एगो पशु तस्कर गिरफ्तार, दू बदमाश भइलें फरार

329

कुशीनगर जिला में तमकुहीराज थाना क्षेत्र अंतर्गत तमकुहीराज-समउर मार्ग पर स्थित झरही नदी किनारे रविवार के बिहाने पुलिस अउरी पशु तस्करन में मुठभेड़ हो गइल। ई तस्कर प्रतिबंधित पशुअन के ले के पिकअप से बिहार ओर जात रहलें सब। मुठभेड में गोली लगले से एक पशु तस्कर गिरफ्तार क लिहल गइल, जबकि दू गो भाग निकलले।

पुलिस तस्करन के कब्जा से आठ पशुअन के छोडवलस। घायल पशु तस्कर के तमकुहीराज सीएचसी में प्राथमिक उपचार के बाद जिला अस्पताल रेफर क देहल गइल। पकड़ल गए तस्कर के पहचान महाराजगंज जिले के निचलौल थाना क्षेत्र के करमहिया निवासी अशफाक अंसारी (25) के रूप में भइल बा।

तमकुहीराज पुलिस अउरी स्वॉट टीम के तमकुहीराज-समउर मार्ग से प्रतिबंधित पशुअन के ले गइले के सूचना मिलल रहे। पुलिस घेराबंदी क देहलस। तनिके देर में पिकअप आवत दिखल। पुलिस रोककर तलाशी लेवे के कोशिश कइलस त तस्कर उतरकर फायरिंग करत भागे लगलें। एकरे बाद पुलिस उनकर पीछा कइलस। पुलिस के जवाबी कार्रवाई में एक तस्कर के पैर में गोली लागल जेसे ऊ गिरफ्तार क लिहल गइल। ओकर दूसरे दूनो साथी भाग गइलें।

307100cookie-checkकुशीनगर मुठभेड़ में एगो पशु तस्कर गिरफ्तार, दू बदमाश भइलें फरार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.