[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर मुठभेड़ में एगो पशु तस्कर गिरफ्तार, दू बदमाश भइलें फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला में तमकुहीराज थाना क्षेत्र अंतर्गत तमकुहीराज-समउर मार्ग पर स्थित झरही नदी किनारे रविवार के बिहाने पुलिस अउरी पशु तस्करन में मुठभेड़ हो गइल। ई तस्कर प्रतिबंधित पशुअन के ले के पिकअप से बिहार ओर जात रहलें सब। मुठभेड में गोली लगले से एक पशु तस्कर गिरफ्तार क लिहल गइल, जबकि दू गो भाग निकलले।

पुलिस तस्करन के कब्जा से आठ पशुअन के छोडवलस। घायल पशु तस्कर के तमकुहीराज सीएचसी में प्राथमिक उपचार के बाद जिला अस्पताल रेफर क देहल गइल। पकड़ल गए तस्कर के पहचान महाराजगंज जिले के निचलौल थाना क्षेत्र के करमहिया निवासी अशफाक अंसारी (25) के रूप में भइल बा।

तमकुहीराज पुलिस अउरी स्वॉट टीम के तमकुहीराज-समउर मार्ग से प्रतिबंधित पशुअन के ले गइले के सूचना मिलल रहे। पुलिस घेराबंदी क देहलस। तनिके देर में पिकअप आवत दिखल। पुलिस रोककर तलाशी लेवे के कोशिश कइलस त तस्कर उतरकर फायरिंग करत भागे लगलें। एकरे बाद पुलिस उनकर पीछा कइलस। पुलिस के जवाबी कार्रवाई में एक तस्कर के पैर में गोली लागल जेसे ऊ गिरफ्तार क लिहल गइल। ओकर दूसरे दूनो साथी भाग गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]