[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: गोरखपुर में ड्रग विभाग के बड़ कार्रवाई, दु करोड़ रुपिया के दवाई जब्त, एक गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में ड्रग विभाग ने सनिचर के देर रात छापा मारके संतकबीरनगर, गोरखपुर आ  बिहार बॉर्डर से दु करोड़ रुपिया  कीमत के दवाइयन के पकड़ले बा। बतावल जा रहल बा कि दवाइयन के गलत तरीका से कोलकाता ले जाइल जात रहे। पकड़ल गइल दवाइयन के छोड़े खातिर 15 लाख रुपिया घूस भिजवावल गइल रहे, जवना के ड्रग्स विभाग जब्त कs लेले बा।

ड्रग माफिया के गाड़ियो जब्त भइल बा। एगोआरोपी के गिरफ्तार कइल गइल बा। ड्रग्स विभाग वाराणसी के आयुक्क्त नरेश मोहन कहले कि ममिला के पीछे बड़े ड्रग माफिया के हाथ हो सकत बा। ड्रग्स विभाग वाराणसी के आयुक्क्त नरेश मोहन के अगुवाई में सनिचर के एक साथे तीन जगह छापा मारल गइल रहे।

आयुक्त बतवले कि संतकबीरनगर से फेंसेड्रिल सिरप, अल्प्राजोलम, कोडीन, ट्रामाडाल, लुबीजेसिक, पैंटोजेसिक के 900 पेटी दवाई मिलल बा। एमे से कुछ के इस्तेमाल नशा के रूप में होला। सब दवाई आगरा से एगो कंटेनर में लादके भेजल गइल रहे। एही तरे गीडा के एगो फ़ैक्टरियो से  प्रतिबंधित दवाई बरामद कइल गइल बा।

गीडा में बनल एगो गोदाम से दवाई बरामद कइल गइल बा। आयुक्त बतवले कि एगो ट्रक में लादके दवाइयन के कोलकाता भेजल जात रहे। एकरा के उत्तर प्रदेश के अंतिम टोल प्लाजा पs पकड़ल गइल बा। एह ममिला में कड़ा कार्रवाई कइल जाई। ममिला के जांच जारी बा। चार लोगन के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जा रहल बा। बतावल जात रहे कि बिना ई वे बिल के एह दवाइयन के भेजल जात रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]