[the_ad_group id="30365"]

ISIS के आतंकी गिरफ्तार: आईएस के सीधे संपर्क में रहल सबाउद्दीन, ओवैसी के पार्टी से लड़े वाला रहल चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश आतंकवाद निरोधक दस्ता (आएटीएस) के टीम आतंकी संगठन आईएस से जुड़ल संदिग्ध दहशतगर्द सबाउद्दीन आजमी के आजमगढ़ से धर दबोचले बा। टीम एकरे संगही स्वतंत्रता दिवस के मौका पर विस्फोट के साजिश के नाकाम क देहलस। उहवें, राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआई) प्रतिबंधित आतंकी जमात उल मुजाहिदीन बांग्लादेश (जेएमबी) के दू संदिग्ध आतंकी गिरफ्तार कइलें बा। सबाउद्दीन आजमगढ़ के ही मेहमूदापुरा अमिलो मुबारकपुर के रहे वाला ह। ऊ आईएसआईएस के अलावा ओवैसी के पार्टी एआईएमआईएम के भी सक्रिय सदस्य ह। सबाउद्दीन से पूछताछ अउरी ओकरे मोबाइल के डाटा खंगरले पर पुलिस कई चौंकावे वाला तथ्य हाथ लागल बा। सबाउद्दीन मूल रूप से बुनकरी के काम करsला। मंगलवार के साँझ जइसही सबाउद्दीन के आतंकी के रूप में गिरफ्तारी के खबर घर पर पहुंचल त परिवार के लोग सकते में आ गइलें। घर पर लोगन के भीड़ जुट गईल। परिवार के लोग कौनो तरह के जानकारी होखले से इनकार करत रहलें

कट्टरपंथी बनावे खातिर सोशल मीडिया पर डालत रहलें भड़काऊ पोस्ट

एनआईए के कहनाम बा कि आरोपी कट्टरपंथी ह। ई दूसरे लोगन के कट्टरपंथी बनावे खातिर सोशल मीडिया में भड़काऊ पोस्ट डालत रहे। एजेंसी के मुताबिक दूनों संदिग्ध पहिलहीसे गिरफ्तार आतंकियन के संपर्क में रहलें। साथ ही बांग्लादेश अउरी भारत में अपने सहयोगियन के साथ संपर्क में रहे खातिर एंक्रिप्टेड एप के इस्तेमाल करत रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]