[the_ad_group id="30365"]

यूपी में आंगनबाड़ी केंद्रन पs मिली पकावल भोजन, सीएम योगी अयोध्या से कइले हॉट कुक्ड मील योजना के शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अब उत्तर प्रदेश के आंगनबाड़ी केन्द्रन में लइकन के गरम पकावल खाना दिहल जाई। राज्य के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक के सबेरे 10:30 बजे राज्य के सभ 75 जिला खातीर ए योजना के शुरुआत कईले। ए योजना के तहत राज्य के 1.89 लाख आंगनबाड़ी केंद्र में पंजीकृत 80 लाख से जादे लाइकन के पकावल खाना दिहल जाई। एहसे 3 से 6 साल के बच्चा के पोषण में मदद मिली। सीएम अयोध्या के पुलिस लाइन्स में स्थित कंपोजिट विद्यालय में ए योजना के शुरुआत कईले।

35 जिला में आंगनबाड़ी भवन बनावल जाई

एह दौरान सीएम योगी पुलिस लाइन में बनल मंच पs 403 करोड़ रुपिया के लागत से 35 जिला में 3401 आंगनबाड़ी केंद्र के निर्माण के शिलान्यास भी वर्चुअल रूप से कईले। अब एह 35 जिला में आंगनबाड़ी केन्द्रन के आपन भवन हो जाई। सीएम योगी कहले कि ए योजना के माध्यम से हमनी के प्रयास बा कि राज्य के सभ जिला में आंगनबाड़ी केंद्र के आपन भवन होखे, ताकि भविष्य में सरकार प्राथमिक से पहिले के व्यवस्था के लागू कs सके।

पुलिसकर्मी के बहुमंजिला भवन में रहे के जगह मिली

सीएम योगी ए दौरान कहले कि अब राज्य के सभ जिला के पुलिस लाइन अवुरी थाना स्तर पs आवासीय बहुमंजिला भवन में रहे के सुविधा मिली। कई जिला में पुलिस लाइन स्तर पs एकर निर्माण के काम पूरा हो चुकल बा।एह क्रम में उ पुलिस लाइन में बनल 12-12 मंजिला दुगो भवन के उद्घाटन भी कईले।

एह दुनो भवन के शिलान्यास 6 मार्च 2020 के 23 करोड़ रुपिया के लागत से भईल रहे। एह दौरान राज्य के बेसिक शिक्षा मंत्री संदीप सिंह, महिला कल्याण मंत्री बेबी रानी मौर्य, महिला कल्याण राज्य मंत्री प्रतिभा शुक्ला के अलावा महिला कल्याण विभाग के प्रमुख सचिव मीना कुमारी मीणा मौजूद रहली।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]