[the_ad_group id="30365"]

सूखल लाल मरीचा आ लहसुन से बनल चटनी खइले में लाई अइसन स्वाद कि सब्जी खाइल छोड़ देब, जानीं रेसपी

सुखल लाल मरीचा आ लहसुन के चटनी: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कई बेर खात घरी सब्जी के स्वाद फीका लागेला। अचार आ चटनी से खाना के कई गुना के स्वाद बढ़ जाला। कुछ लोग के खाना में चटनी जरूर चाही। चटनी ना खाली स्वाद बढ़ावेला बालुक स्वास्थ्य खातीर भी फायदेमंद होखेला। आज हमनी के बताएब जा कि सूखल लाल मरीचा आ लहसुन से स्वादिष्ट लाल चटनी कईसे बनावल जाला। ई चटनी एक बेर बना के खा लीं। विश्वास करीं सब्जी छोड़ के पूरा रोटी खाली चटनी से खा लेब। 1-2 रोटी खाए वाला लोग के कबो पता ना चली कि उs कब 3-4 रोटी खा लिहें।

लाल मरीचा आ लहसुन के फायदा

भारतीय मसाला में इस्तेमाल होखे वाला लाल मरीचा आ लहसुन दुनो औषधीय गुण से भरल होखेला। लाल मरीचा दिल खातिर बढ़िया मानल जाला। एकरा से कोलेस्ट्रॉल के कम करे में भी मदद मिलेला। लहसुन हाई ब्लड प्रेशर के मरीज खातिर बढ़िया मानल जाला। लहसुन खईला से जोड़ के दर्द अवुरी सूजन से भी राहत मिलेला।

सूखल लाल मरीचा आ लहसुन के चटनी के रेसिपी

स्टेप 1: सबसे पहिले चटनी बनावे खातिर 4-5 सूखल लाल मरीचा लेवे के पड़ी। एह मरीचा के हल्का धो के आधा कप साफ पानी में भिगो लीं। जबले मरीचा पानी में भिगोवल होखे तबले 7-8 लौ लहसुन के छील लीं। सिल बट्टा पs ई चटनी बनाइब तs माई के बनावल बचपन के चटनी के स्वाद मिल जाई। अगर रउरा चाहत बानी तs एकरा के मिक्सर में भी तैयार कs सकेनी। हम बतावत बानी कि सिल बतना से चटनी कईसे बनावल जाला।

स्टेप 2: लाल मरीचा के सिल पs पानी से निकाल लीं अवुरी ओकरा बाद ओकरा में छिलल लहसुन डाल दीं। एकरा में 1 चम्मच नमक, 1 चम्मच जीरा अवुरी 1 चम्मच धनिया पाउडर डाल दीं। अब सब कुछ बढ़िया से पीस लीं।  सूखल लाल मरीचा के चटनी के आप अपना पसंद के मुताबिक मोट चाहे महीन पीस सकतानी। चटनी पीसत घरी बीच में पानी डालत रहीं। अब एगो बर्तन में ई चटनी निकाल लीं।

 स्टेप 3: सब्जी के साथ लाल मरीचा के चटनी परोसी। अगर रउरा चाहत बानी तs तेल में हींग आ जीरा डाल के हल्का में भी तल सकेनी।  लाल मिर्च के चटनी 4-5 दिन ले खराब ना होखेला, एकरा के रोज खाना के संगे खा सकतानी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]