[the_ad_group id="30365"]

नाश्ता में झटपट बना लीं रवा इडली, बिना भिगवले आ पिसल खाली 10 मिनट में तैयार हो जाई एकदम मुलायम सूजी इडली

रवा इडली: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

अगर रउरा नाश्ता में कुछ हल्का आ हेल्दी खाए के बा तs इडली बना के खा सकेनी. इडली बिना दाल आ चावल के भिगो के पीस के भी बनावल जा सकेला। आज हमनी के बतावत बानी जा कि रवा यानी सूजी से तैयार इडली कईसे बनावल जाला। एकरा के रउआ इंस्टेंट इडली भी कह सकेनी। रउआ महज 10 मिनट में स्वादिष्ट रवा इडली तैयार कs के खा सकेनी। एकरा खातीर ना तs बाजार से बैटर खरीदे के होई, ना ही पहिले से दाल अवुरी चावल भिगो के बैटर बनावे के होई। बस दही अवुरी सूजी के संगे इडली जल्दी तैयार कs सकतानी। जानीं रवा सूजी इडली के रेसिपी।

रवा सूजी इडली के रेसिपी

*सूजी से इडली बनावे खातिर पहिले 1 कप महीन सूजी लेके एगो कटोरी में डाल दीं। अब एह कटोरी में आधा कप दही डाल के सूजी में मिला लीं। अब 1 चम्मच नमक आ 3/4 कप सादा पानी डाल दीं।

*सब कुछ बढ़िया से मिला लीं आ ओकरा बाद बैटर के ढंक के कुछ देर ले सेट होखे के राखीं. रवा इडली के बैटर के 30 मिनट ले सेट होखे के छोड़ दीं।

*एही बीच इडली मेकर के गरम कs के मोल्ड के हल्का तेल से चिकनाई करीं। इडली मेकर में पानी रख के गरम करे के चाहीं। अब एक बेर बैटर के बढ़िया से मिला लीं।

*अब बैटर में 1 चम्मच इनो डाल के बैटर के मिला लीं। जइसहीं रउरा इनो डालब, बैटर तनी उठे लागी आ तुरते बैटर के साँचा में डाल के इडली के पानी में डाल दीं. अब ढक्कन बंद कs के इडली के मध्यम आंच पs 15 मिनट ले पकाईं।

*इडली में कांटा, चाकू भा टूथपिक डाल के जांच करीं। अगर इडली चिपकल बा तs समझीं कि एकरा के अउरी पकावे के जरूरत बा। अगर छूरी बिना चिपकल निकलल बा तs समझीं कि इडली पाक गइल बा.

*अगर इडली पाक गईल बा तs चाकू के मदद से इडली के किनारे से निकाल के ओकरा बाद बर्तन में राखी। स्वादिष्ट रवा इडली तैयार बा जवना खातिर ना तs बैटर खरीदे के जरूरत पड़ी ना दाल आ चावल भिगोवे के पड़ी।

*नारियल के चटनी, मूंगफली के चटनी आ सांबर के साथे सूजी के रवा इडली खाईं। अगर रउरा चाहत बानी तs एह इडली के भी तल सकेनी। प्याज आ शिमला मिर्च के साथ तलल इडली भी बहुत स्वादिष्ट होला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]