[the_ad_group id="30365"]

झारखंड विधानसभा स्थापना दिवस: राज्यपाल रमेश बैस कइलें समारोह के उद्घाटन, एह लोगन के कइल गइल सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड विधानसभा के आज 22वां स्थापना दिवस समारोह मनावल जा रहल बा। समारोह के उद्घाटन राज्यपाल रमेश बैस दिया जराके कइलें। एह मवका पs मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन मुख्य अतिथि के रूप में मवजूद रहलें। एह अवसर पs उत्कृष्ट वि‍धायक विनोद कुमार सिंह आ देश के रक्षा आ नक्सल अभियान में शहीद भइल जवानन के परिजनन के सम्मानित कइल गइल। बता दीं कि विनोद सिंह बगोदर विधानसभा से थर्ड टर्म के विधायक बाड़ें।

जवना शहीद जवानन के परिजनन के सम्मानित कइल गइल। ओमे शहीद जवान कुलदीप उरांव, आरक्षी ठाकुर हेम्ब्रम, आरक्षी शंकर नायक, शहीद संदीप सिंह समेत आउर के परिजन सामिल बा लो। संगही साथ झारखंड के लॉन बॉल खिलाड़ी रूपा रानी तिर्की, लवली चौबे आ फुटबॉल खिलाड़ी अष्टम उरांव आ अनीता कुमारी के सम्मानित कइल गइल। एकरा अलावे मैट्रिक आ इंटर के टॉपर विद्यार्थियन के सम्मानित कइल गइल। एमे तान्या शाह, निशु कुमारी समेत कइयन टॉपर छात्र-छात्रा के सम्मानित कइल गइल।

संसदीय दायित्व के तीन वर्ष के लोकार्पण

स्पीकर रबींद्र नाथ महतो द्वारा रचित पुस्तक ‘संसदीय दायित्व के तीन वर्ष’ के लोकार्पण कइल गइल। एह मवका पs उड़ान पुस्तिका के विमोचनो भइल।

अपना संबोधन में का कहेलें विनोद कुमार सिंह

मवका पs उत्कृष्ट विधायक विनोद कुमार सिंह संबोधित करत सबसे पहिले भगवान बिरसा मुंडा के संबोधित कइलें। साथे साथ ऊ बोगदर के जनता के धन्यवाद कइलें। ऊ सरकार से अपील कइलें कि ऊ सवालन के आश्वासन पs गंभीर होखे। ऊ कहलें कि विधायी प्रक्रिया आउर पारदर्शी होखे। ऊ बाघमारा में कोयला चोरी में चार लोगन के मौत पs जांच के मांग कइलें। एह पs ऊ अपना पिता के याद ना भूललें। ऊ कहलें कि उनकर पिता स्वर्गीय महेंद्र सिंह के किताबन से गहिराह नाता रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]