Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बदल गइल बा राउर मोबाइल नंबर? मात्र 50 रुपिया में एह तरे करीं अपडेट, ई बा फुल प्रोसेस

Aadhaar Card में जदि रउआ आपन नंबर अपडेट कइल चाहत बानी तs आज हमनी रउआ के एकर आसान तरीका बता रहल बानी सs। संगही इहो बताएम कि रउआ एकरा खातिर केतना शुल्क देवे के होई। 

337

आधार कार्ड बहुते जरूरी बा। एकरा संगे हमनी के मोबाइल नंबर लिंक होखलो बहुते अहम बा। काहेकि ओहि नंबर पs सारा ओटीपी जाला। कइयन बेर होला कि हमनी के आपन पुरान नंबर बदल देले रहेनी सs आ हमानी के ओकरा के चेंज करावे के होला। आधार से फोन नंबर के जोड़े भा अपडेट करे के प्रोसेस बहुते आसान बा। हालांकि, कइयन लोगन के एकर कंफ्यूजन होला है कि ई काम ऑनलाइन होला कि ऑफलाइन। संगही लोग इहो जानल चाहेला कि एकरा खातिर पईसा केतना लागत बा। एह सब सवालन के जवाब हमनी के इहां दे रहल बानी सs।

आधार कार्ड में मोबाइल नंबर कइसे बदलीं:

कइयन लोग आपन मोबाइल नंबर खो देला आ फेर ओकरा आधार में नंबर चेंज करावे के होला। जदि रउआ एगो नया मोबाइल नंबर पs स्विच कइले बानी तs रउआ एकरा के UIDAI के डेटाबेस में अपडेट करवा सकत बानी। मोबाइल नंबर के आधार कार्ड से लिंक करे के तरीका जाने खातिर एह आसान स्टेप्स के फॉलो करीं।

  • स्टेप 1: रउआ अपना नजदीकी आधार नामांकन केंद्र पs जाये के होई।
  • स्टेप 2: आधार अपडेट/करेक्शन फॉर्म भरीं।
  • स्टेप 3: आधार ऑफिसर के फॉर्म जमा करीं।
  • स्टेप 4: एकरा खातिर रउआ 50 रुपिया के शुल्क देवे के होई।
  • स्टेप 5: रउआ के एगो रीसीट दिहल जाई। जेमे अपडेट रिक्वेस्ट नंबर (URN) होई। यूआरएन के इस्तेमाल राउर अपडेट रिक्वेस्ट के स्टेट्स के चेक करे खातिर कइल जा सकत बा।
  • स्टेप 6: राऊर मोबाइल नंबर 90 दिनन के अंदर आधार के डेटाबेस में अपडेट हो जाई।

आधार कार्ड में मोबाइल नंबर जोड़े/अपडेट करे खातिर स्टेप:

  • स्टेप 1: नजदीकी आधार नामांकन केंद्र पर जाई।
  • स्टेप 2: आधार नामांकन फॉर्म भरीं।
  • स्टेप 3: फॉर्म में आपन मोबाइल नंबर डालीं।
  • स्टेप 4: अधिकारी के फॉर्म जमा करीं।
  • स्टेप 5: आपन बायोमेट्रिक्स उपलब्ध कराई। एकरा बाद रउआ कवनो दस्तावेज देवे के जरूरत ना होई।
  • स्टेप 6: एहु खातिर रउआ 50 रुपिया के फीस देवे के होई।
479880cookie-checkबदल गइल बा राउर मोबाइल नंबर? मात्र 50 रुपिया में एह तरे करीं अपडेट, ई बा फुल प्रोसेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.