[the_ad_group id="30365"]

बदल गइल बा राउर मोबाइल नंबर? मात्र 50 रुपिया में एह तरे करीं अपडेट, ई बा फुल प्रोसेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार कार्ड बहुते जरूरी बा। एकरा संगे हमनी के मोबाइल नंबर लिंक होखलो बहुते अहम बा। काहेकि ओहि नंबर पs सारा ओटीपी जाला। कइयन बेर होला कि हमनी के आपन पुरान नंबर बदल देले रहेनी सs आ हमानी के ओकरा के चेंज करावे के होला। आधार से फोन नंबर के जोड़े भा अपडेट करे के प्रोसेस बहुते आसान बा। हालांकि, कइयन लोगन के एकर कंफ्यूजन होला है कि ई काम ऑनलाइन होला कि ऑफलाइन। संगही लोग इहो जानल चाहेला कि एकरा खातिर पईसा केतना लागत बा। एह सब सवालन के जवाब हमनी के इहां दे रहल बानी सs।

आधार कार्ड में मोबाइल नंबर कइसे बदलीं:

कइयन लोग आपन मोबाइल नंबर खो देला आ फेर ओकरा आधार में नंबर चेंज करावे के होला। जदि रउआ एगो नया मोबाइल नंबर पs स्विच कइले बानी तs रउआ एकरा के UIDAI के डेटाबेस में अपडेट करवा सकत बानी। मोबाइल नंबर के आधार कार्ड से लिंक करे के तरीका जाने खातिर एह आसान स्टेप्स के फॉलो करीं।

  • स्टेप 1: रउआ अपना नजदीकी आधार नामांकन केंद्र पs जाये के होई।
  • स्टेप 2: आधार अपडेट/करेक्शन फॉर्म भरीं।
  • स्टेप 3: आधार ऑफिसर के फॉर्म जमा करीं।
  • स्टेप 4: एकरा खातिर रउआ 50 रुपिया के शुल्क देवे के होई।
  • स्टेप 5: रउआ के एगो रीसीट दिहल जाई। जेमे अपडेट रिक्वेस्ट नंबर (URN) होई। यूआरएन के इस्तेमाल राउर अपडेट रिक्वेस्ट के स्टेट्स के चेक करे खातिर कइल जा सकत बा।
  • स्टेप 6: राऊर मोबाइल नंबर 90 दिनन के अंदर आधार के डेटाबेस में अपडेट हो जाई।

आधार कार्ड में मोबाइल नंबर जोड़े/अपडेट करे खातिर स्टेप:

  • स्टेप 1: नजदीकी आधार नामांकन केंद्र पर जाई।
  • स्टेप 2: आधार नामांकन फॉर्म भरीं।
  • स्टेप 3: फॉर्म में आपन मोबाइल नंबर डालीं।
  • स्टेप 4: अधिकारी के फॉर्म जमा करीं।
  • स्टेप 5: आपन बायोमेट्रिक्स उपलब्ध कराई। एकरा बाद रउआ कवनो दस्तावेज देवे के जरूरत ना होई।
  • स्टेप 6: एहु खातिर रउआ 50 रुपिया के फीस देवे के होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]