[the_ad_group id="30365"]

लइका के अपहरण कs के मंगलस 20 हजार के फिरौती, भइल गिरफ्तार , लइका के घर मे काम करत रहे आरोपी युवक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के बेलघाट के बलुआ गांव में लइका अपहरण कs के 20 हजार के फिरौती मंगले के मामला सामने आइल बा। पुलिस बच्चा के माई आशा देवी पत्नी पप्पू के तहरीर पर केस दर्ज कर आरोपी के गिरफ्तार कs लिहलस। साथ ही अपह्रत बच्चा 6 वर्षीय नीलेश के भी सकुशल बरामद क लिहलस। पुलिस आरोपी अनिल निवासी ढेकुनाथ थाना बेलघाट को तिघरा मोड़ के पास से बुध के साँझ के पकड़लस। गुरुवार के कोर्ट में पेश कs के आरोपी के पुलिस जेल भिजवा दिहलस।
एसपी साउथ अरुण सिंह बतवलें कि बीतल 20 सितंबर के साँझ आशा देवी के मोबाइल फोन चोरी हो गइल रहे। ओ दिन रात में खाना खइला के बाद ऊ लइका नीलेश संग सूत गइली। सुबह उठली त बच्चा गायब रहल सथही घर मे काम करे वाला अनिल भी गायब रहलें। एन्ने अनिल आशा के चोरी कइल मोबाइल से पहिले उनके रिश्तेदार फिर देवरानी के फोन कs के बच्चा के एवज में 20 हजार के मांग कइलें। रुपया न देहले पर हत्या के धमकी दीहलें। सूचना पर पुलिस तहरीर के आधार पर केस दर्ज कइलस अउर आरोपी के चंगुल से बच्चा के छोडवलस फेर ओके अरेस्ट कइलस।

लइका के बाप रहेने मुंबई

लइका के पिताजी मुंबई रहेने। आरोपी उनके घर मे बिना पइसा के ही घरेलू नौकर के तरे काम करत रहे। ओकर नजदीकी भी बच्चा के माई से हो गइल रहे। पइसा के लालच में उ अपहरण कs के फिरौती मंगलें रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]