[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: बच्चा चोर समझ लोग जेकरा के पीटलस ऊ निकलल इंजीनियर, दुबई में करत रहे नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bachha Chor : सारण जिला के दिघवारा में लोग जवना जुवक के बच्चा चोर समझ के पुलिस के सउप देलस। ऊ जुवक कवनो बच्चा चोर नइखे बलूक एगो इंजीनियर निकलल आ ओड़िशा के एगो प्रतिष्ठित परिवार के सदस्य हवे। जुवक दुबई में चार बरिस ले नौकरियो कs चुकल बा। बीतला दिने अफवाह के चक्कर में पड़के कुछ लोग ओकर पिटाई कs देलस बाकिर सच्चाई कुछ आउर निकलल।

बच्चा चोर समझ लोग कइलस पुलिस के हवाले

प्राप्त जानकारी के मोताबिक दिघवारा के कुछ स्थानीय लोग एगो जुवक पs बच्चा चोर होखला के आरोप लगाके ओकर पिटाई कs देलस आ फेर पुलिस के सउप देलस। एकरा बाद जब पुलिस ओकर पता लगवलस तs ऊ ओड़िशा के जगत सिंहपुर जिला के तिरतल थाना क्षेत्र के लथांग गांव के स्व. आदित्य नारायण त्रिपाठी के पुत्र सत्य देव त्रिपाठी निकलल। ओकरा बाद में थानाध्यक्ष राजेश कुमार ओह जुवक के परिजनन के ओकरा दिघवारा में होखे के सूचना दिहल। बियफे के ओड़िशा से ओकर परिजन सारण पहुंचल लो आ ओकरा के अपना संगे लेके घर लवट गइल लो।

दुबई में करत रहे काम

परिजनन से मिलल जानकारी के मोताबिक जवना जुवक के स्थानीय लोग बच्चा चोर समझले ऊ मेकेनिकल इंजीनियर हs आ दुबई में चार बरिस से काम करत रहे। पिछला दिनन में ऊ दुबई से अपना घरे पहुंचल आ 14 सितंबर के अपना घर से फोटो स्टेट करवावे खातिर निकलल आ गायब हो गइल। ओकरा लगे मवजूद दु गो आइफोन आ आउर सामानो गायब हो गइल।

अफवाह पs धेयान ना देवे के अपील

थानाध्यक्ष श्री कुमार आम लोग से अपील कइले कि बच्चा चोर के बात खाली अफवाह हs आ अइसन अफवाहन पs कवनो व्यक्ति धेयान ना देवे। एह अफवाहन के चक्कर में आइल दिन निर्दोष लोग भीड़ के शिकार हो जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]