Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वतंत्र, निष्पक्ष आ शान्तिपूर्ण वातावरण में संपन्न होई मतदान – जिलाधिकारी 

210

छपरा(सारण), धर्मेन्द्र कुमार सिंह| जिला पदाधिकारी-सह-जिला निर्वाचन पदाधिकारी, राजेश मीणा बतवले कि जिला  के कुल 01 नगर निगम आ  09 नगर पंचायत क्षेत्रांतर्गत प्रथम चरण में नगर पंचायत, सोनपुर, दिघवारा, मढ़ौरा, रिविलगंज, एकमा आ परसा बाजार नगरपालिका खातिर पार्षद, उप मुख्य पार्षद, मुख्य पार्षद पद पs निर्वाचन होखे के बा।

निर्धारित कार्यक्रम के मोताबिक नगर पंचायत रिविलगंज के कुल 21 वार्डन में 43 मतदान केन्द्र, नगर पंचायत एकमा में कुल 19 वार्डन में 39 मतदान केन्द्र, नगर पंचायत परसा बाजार में कुल 22 वार्डन में 45 मतदान केन्द्र, नगर पंचायत सोनपुर में कुल 21 वार्डन में 37 मतदान केन्द्र, नगर पंचायत दिघवारा में कुल 18 वार्डन में 34 मतदान केन्द्र,नगर पंचायत मढ़ौरा में कुल 16 वार्डन में 30 मतदान केन्द्र बा जहाँ दिनांक 10.10.2022 के पूर्वाह्न 07 बजे से अपराह्न 05 बजे तक मतदान होई।

स्वतंत्र, निष्पक्ष आ शांतिपूर्ण मतदान सुनिश्चित करावे आ विधि व्यवस्था संधारण खातिर नगर निकायवार, वार्डवार सेक्टर से सम्बद्ध मतदान केन्द्रन खातिर सेक्टर पदाधिकारी, सेक्टर पुलिस पदाधिकारियन के प्रतिनियुक्ति कs दिहल गइल बा। सेक्टर दंडाधिकारी अपना सेक्टर से संबंद्ध मतदान केंद्र आ एकरा से संबंद्ध गांव, टोला, मुहल्ला खास कs के अनुसूचित जाति आ कमजोर वर्गन के टोला, मुहल्लन के भ्रमण कइल सुनिश्चित करिहें। सेक्टर दंडाधिकारी विशेष रूप से कमजोर वर्गन के टोला, मुहल्ला के मतदाता के पहचान आ आदर्श आचार संहिता के उल्लंघन के ममिला में ध्यान केन्द्रित करी लो आ संबंधित थानाध्यक्ष से विमर्श कs के प्रतिवेदन अपना-अपना निर्वाची पदाधिकारी आ संबंधित अनुमंडल पदाधिकारी के समर्पित करेम। अनुमंडल पदाधिकारी प्राप्त प्रतिवेदन पs नियमानुसार कार्रवाई करत ओहि दिन आपन प्रतिवेदन विधि व्यवस्था कोषांग आ जिला पंचायत कार्यालय के भेजिहे।

जिलाधिकारी बतवले कि सब सेक्टर दंडाधिकारी सुनिश्चित करी लो कि राज्य निर्वाचन आयोग द्वारा निर्गत सब निरदेसन के अक्षरशः अनुपालन हो रहल बा। सब सेक्टर दंडाधिकारी, पुलिस पदाधिकारी मतदान समाप्ति तक अपना-अपना क्षेत्रन में कार्यरत रही लो आ अपना काम में निष्पक्षता आ पारदर्शिता के परिचय दिही लो। सेक्टर पदाधिकारी अपना सेक्टर क्षेत्र के अन्तर्गत पड़े वाला सब मतदान केन्द्रन के भ्रमण करी लो आ एकर वास्तविक हालत से तत्काल संबंधित निर्वाची पदाधिकारी, व्यवस्था कोषांग (जिला गोपनीय शाखा) के अवगत कराई लो। सेक्टर पदाधिकारी, सेक्टर पुलिस पदाधिकारी अपना-अपना सेक्टर क्षेत्र अन्तर्गत पड़े वाला सब मतदान केन्द्रन के आधारभूत संरचना आ उपलब्ध सुविधन के भौतिक सत्यापन कइल सुनिश्चित करी लो। सेक्टर पदाधिकारी के एहु बिन्दु पs भौतिक सत्यापन करे के होई कि मतदान केन्द्र से 200 मीटर के परिधि के भीतरी कवनो राजनैतिक दल, अभ्यर्थी के द्वारा पार्टी कार्यालय बनावल गइल बा कि ना, जदि बनावल गइल बा तs एह संबंध में प्रतिवेदन तुरंत अपना निर्वाची पदाधिकारी आ अनुमण्डल पदाधिकारी के देहल सुनिश्चित करी लो।

निर्वाचन कार्य हेतु प्रतिनियुक्त जोनल दंडाधिकारियन के ओह लो के काम आ उनकर काम दायित्वन के जानकारी दे दिहल गइल बा। ऊ आयोग द्वारा निर्धारित मानक के आलोक में काम कइल सुनिश्चित करी लो। सब प्रखण्ड विकास पदाधिकारी आ थानाध्यक्ष, अपना-अपना प्रखण्ड आ थानन से संबंधित सूचना सेक्टर पदाधिकारियन के प्रदान करी लो। बिहार सरकार द्वारा कोविड-19 मद्देनजर निर्गत दिशा-निरदेस आ आदर्श आचार संहिता के अनुपालन करावत समुचित कार्रवाई कइल सुनिश्चित करी लो।

337670cookie-checkस्वतंत्र, निष्पक्ष आ शान्तिपूर्ण वातावरण में संपन्न होई मतदान – जिलाधिकारी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.