Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुंबई में अशीष शेलार के खुला ऐलान, BJP के मिली BMC के कमान, उद्धव से पूछले तीख सवाल

साल 2017 में शिवसेना 227 में से 84 सीटन प जीत हासिल कइले रहे। जबकि, भाजपा 82 सीटन के संगे दूसरा स्थान प रहे। अबकी बेर गृहमंत्री अमित शाह बीएमसी में भाजपा के लिए खातिर 150 सीटन के टारगेट बनवले बाड़ें। 

495

अंधेरी पूर्व विधानसभा सीट प उपचुनाव खतमे भइल बा कि बृह्नमुंबई महानगरपालिका माने BMC चुनाव के मुद्दा गूंजे लागल बा। हालांकि, अभी ले  चुनाव के तारीखन के ऐलान नइखे भइल, बाकिर भारतीय जनता पार्टी ऐलान क देले बिया कि बीएमसी में अगिला मेयर पार्टी से होई। खास बात बा कि करीब तीन दशकन से BMC प शिवसेना के नियंत्रण बा।

अतवार के मुंबई भाजपा के प्रमुख अशीष शेलार आ मुंबई नॉर्थ सेंट्रल से सांसद पूनम महाजन बांद्रा के गवर्नमेंट कॉलोनी ग्राउंट से अभियान के शुरुआत क देले बा लो। खास बात बा कि ई स्थल उद्धव ठाकरे के आवास मातोश्री से कमे दूरी प मवजूद बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, भाजपा नेता लोगन के कहनाम बा कि ई उद्धव खातिर सीधा संदेश बा। एह मौका प शेलार महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे प निशाना सधलें आ भ्रष्टाचार करे के आरोप लगवलें।

शेलार उद्धव के लेके कहलें, ‘जेकरा वोट चाहीं ले लेवे, ना मराठी आ ना मुस्लिम रउआ खातिर मतदान मतदान करी। बाकिर हमार सवाल बा कि अइसन समय काहे आइल कि रउआ जाति आ धार्मिक बातन प वोट मांगे के पड़ रहल बा। राउर (शिवसेना) 25 सालन से बेसी समय तक BMC प कब्जा रहल, बा नू? त रउआ काहे कइल गइल काम के आधार प वोट नइखीं मांगत।’

जून में एकनाथ शिंदे के बगावत के बाद तब के शिवसेना में फूट पड़ गइल रहे। एकरा बाद राज्य से महाविकास अघाड़ी के सरकारो गिर गइल। अइसन में भाजपा के भरोसा बा कि शिंदे के नेतृत्व वाली बालासाहेबांची शिवसेना के मदद बीएमसी चुनाव में फायदेमंद हो सकत बा। साल 2017 में शिवसेना 227 में से 84 सीटन प जीत हासिल कइले रहे। जबकि, भाजपा 82 सीटन के संगे दूसरका स्थान प रहे।

M2 के फॉर्मूला

महाराष्ट्र में शिवसेना के मुखपत्र ‘सामना’ में मराठी मुस्लिम सेवा संघ आ बिल्किस बानो ममिला के जिकिरो चरचा में बा। शेलार के कहनाम बा, ‘शिवसेना उद्धव बालासाहेब पार्टी मराठी आ मुस्लिम वोट जुटावल चाहत बिया, बाकिर ऊ लोग चतुराई से ओह लोग के मराठी मुस्लिम कह देले बा।’ आंकड़ा बतावत बा कि मुंबई में मुस्लिम आबादी 21 प्रतिशत बा। जबकि, मराठी भाषी 30 फीसदी बा लो।

उद्धव समूह के इनकार

शिवसेना (उद्धव बालासाहेब ठाकरे) के प्रवक्ता डॉक्टर मनीषा कयांदे के कहनाम बा कि पार्टी कबो मुसलमानन के खिलाफ ना रही। ऊ कहलें, जदि रउआ बालासाहेब ठाकरे के पुरान भाषण देखेम, त पाएम कि ऊ ओह लोग (मुसलमानन) नफरत ना करत रहलें। जदि आरएसएस प्रमुख मस्जिद जा सकत बाड़े आ मुसलमानन के लुभा सकत बाड़े, त हमनी के काहे नइखीं क सकत?’

हालांकि, ओहिजा शिवसेना में फूट के बाद बीएमसी चुनाव के कठिन काम बतावत बिया। एने, सितंबर में मुंबई दौरा प आइल केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाहो लक्ष्य तय क चुकल बाड़ें। ऊ बीएमसी में भाजपा खातिर 150 सीटन के टारगेट बनवले बाड़ें।

373150cookie-checkमुंबई में अशीष शेलार के खुला ऐलान, BJP के मिली BMC के कमान, उद्धव से पूछले तीख सवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.