[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस अध्यक्ष चुनाव से पहिले राहुल के लग्गे पहुंचलें खड़गे, अब गांधी परिवार के सोझे धर्मसंकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा के आज 38वां दिन ह अउर ई कर्नाटक के हलकुंडी गांव से शुरू भइल बा। आज के पदयात्रा खास बा काहेसेकि एह पदयात्रा में कांग्रेस अध्यक्ष चुनाव के उम्मीदवार मल्लिकार्जुन खड़गे शामिल बानें। एनके अलावा छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल भी राहुल गांधी के साथ मौजूद बानें। उहवें खड़गे के एह तरह से राहुल के पदयात्रा में शामिल होखल गांधी परिवार के ऊपर सवाल खड़ा कर सकsता। दरअसल, राहुल गांधी कहले रहनें कि हम अध्यक्ष चुनाव में केहू के समर्थन नाइ करब लेकिन खड़गे अध्यक्ष चुनाव के दू दिन पहिले उनके साथ नजर आ रहल बानें। एह तरह से चुनाव के पारदर्शिता पर सवाल उठ सकsता।

कांग्रेस कइलस ट्वीट

उहवें हर दिन के तरह कांग्रेस अपने ट्विटर हैंडल पर भारत जोड़ो यात्रा के एगो वीडियो भी ट्वीट कइलें बा  एहमें लिखल गइल बा कि ई साथ आपन लोग के ह, अपनापन के ह। एह साथ के हमनी के निभावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]