[the_ad_group id="30365"]

13 साल में 36 लोग के जान ले चुकल बा खरगा अउर धौर्रा के पटाखा, दिवाली पर फिर शुरू हुआ मौत का कारोबार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा के एत्मादपुर के गांव नगला खरगा अउर धौर्रा में आतिशबाजी के चार लाइसेंस बा। एह बेर एह लाइसेंस के नवीनीकरण नाइ कइल गइल बा। दूनों गांव के खेत में पटाखा तैयार कइल जाला। इनकर घर में भंडारण कइल जाला। आगरा ही नहीं आसपास के जिला में इनकर सप्लाई होला। 13 साल में 20 हादसा में 36 लोग के जान पटाखा ले चुकल बानें।

मुरैना में बियफ़े के पटाखों के गोदाम में धमाका भइल रहे। एहमें चार लोग के जान चल गइल। आगरा में भी आतिशबाजी बनावत अउर गोदाम में धमाका हो चुकल बा। एत्मादपुर के नगला खरगा अउर धौर्रा के देशी पटाखे देहात अउर शहर के जिला में सप्लाई होला। वर्ष 2003 में थाना एत्मादपुर पुलिस अवैध आतिशबाजी पकड़ले रहे। एके थाना के एक कमरा में ला के रखल गइल रहल। पुलिसकर्मी लोग आतिशबाजी पर पानी डाल देहले रहे। गैस बनले से धमाका हो गइल रहे। थाना छत उड़ गइल रहे। एहमें चाय लेकर आइल युवक अउर एक पुलिसकर्मी के जान चल गइल रहे। धमाका काफी जबर्दस्त रहल। आसपास के लोग भी दहशत में आ गइल रहे।

ई हो चुकल बा घटना

– साल 2003 में जब्त पटाखा में एत्मादपुर थाना में हादसा दो लोग के मौत।
– साल 2003 में ही धौर्रा में पटाखे बनावे के दौरान हादसा में एक के मौत।
– साल 2004 में धौर्रा से आतिशबाजी ले के जात समय जवाहर पुल पर वाहन में धमाका, एक लोग के मौत।
– साल 2004 में ही धौर्रा से पटाखे ले जात समय टेंपो में हादसा, दो के मौत।
– साल 2005 में धौर्रा में गोदाम में में धमाका भइल, एहमें तीन लोग के मौत।
– साल 2006 में नगला खरगा में घर में आतिशबाजी बनावत समय धमाका, तीन लोग के मौत।
– साल 2007 में नगला खरगा में घर के बाहर धमाका, पांच के मौत।
– साल 2009 में नगला खरगा में आतिशबाजी मेें धमाका में पति पत्नी के मौत।
– साल 2010 में गांव धौर्रा में धमाका में दो लोग के मौत।
– साल 2011 में पटाखा ले जात समय टेंपो में कुबेरपुर पर धमाका में दो के मौत।
– साल 2015 में भागूपुर के पास टेंपो में हादसा में दो लोग के मौत।
– साल 2016 में स्कूटर से पटाखा ले जात समय जगदीशपुरा के पास दो लोग के मौत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]