[the_ad_group id="30365"]

Gopalganj: गोपालगंज में सड़क हादसा, एक घायल: ट्रैक्टर के चपेट में अइला से बाइक सवार जुवक भइल जख्मी, स्थानीय लोग पहुंचवलस सदर अस्पताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के नगर थाना क्षेत्र के तूरकहां पुल के लगे एगो अनियंत्रित ट्रैक्टर के चपेट में अइला से बाइक सवार युवक बुरी तरह जख्मी हो गइल। स्थानीय लोगन के सहजोग से तत्काल इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल जहाँ जुवक के स्थिति गंभीर बनल बा। फिलहाल डॉक्टरन के देखरेख में जुवक के इलाज सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में चल रहल बा।

ओहिजा जुवक के परिजनन के एकर सूचना दे दिहल गइल बा। जुवक के पहचान माझा थाना क्षेत्र के मधु सरेया गांव निवासी सकल प्रसाद के बेटा मोती चंद्र प्रसाद के रूप में कइल गइल। दरअसल घटना के संदर्भ में बतावल जा रहल बा कि जख्मी जुवक मोती चंद्र प्रसाद अपना गांव मधुसरेया से अपना मौसी के घरे मकसूदपुर जा रहल बा।

एही दौरान तुरकहां पुल के पास एगो तेज रफ्तार से आ रहल विपरीत दिशा में ट्रैक्टर ओकरा के जोरदार धक्का मार देलस। धक्का लगते जुवक मौके प गिरके बुरी तरह जख्मी होके बेहोश पड़ल रहे। ओहिजा ट्रैक्टर चालक मौका के फायदा उठाके फरार होखे में सफल रहल। स्थानीय लोगन के नजर जब सड़क किनारे बेहोशी के हालत में पड़ल जुवक प पड़ल त ओकरा के उठाके तत्काल इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल लोग। जहां डॉक्टरन के देखरेख में ओकर इलाज चल रहल बा। फिलहाल जुवक के स्थिति गंभीर बनल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]