[the_ad_group id="30365"]

सूतत बेरा सिलिंडर में लागल आग, दंपती अउर दू लइके झुलसलें, महिला के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के रुद्रपुर स्थित दुग्धेश्वर नाथ मंदिर के लग्गे किराया के मकान में रहे वाले दंपती अउर उनके दू बच्चे मंगर के रात सिलिंडर में आग लगले से झुलस गइलें। ऊ लोग जिला अस्पताल पहुंचावल गइले। उहां से गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल। मेडिकल कॉलेज में इलाज के दौरान महिला के मौत हो गइल जबकि पति अउर दू बच्चवन के इलाज चल रहल बा।

गोरखपुर के बांसगांव क्षेत्र के डाढ़ी गांव के रहे वाले मुन्ना साहनी (35), पत्नी सुनीता (30), लइके सलोनी (9) अउर आर्यन (8) के साथ रुद्रपुर के दुग्धेश्वर नाथ मंदिर के पास रामदास गुप्ता के किराया के मकान में रहत रहनें। मुन्ना साहनी पेंट, पॉलिश के काम करेने।

मंगर के रात सिलिंडर में आग लगले से चारों झुलस गइलें। आसपास के लोग धुआं उठत देख के मौका पर पहुंचलें अउर उनके जिला अस्पताल पहुंचवलें। इहां से डॉक्टर चारो लोग के मेडिकल कॉलेज गोरखपुर खातिर रेफर कs दिहलें। इहां इलाज के दौरान बुध के सुनीता के मौत हो गइल जबकि अन्य तीन लोग इलाज चल रहल बा।

महिला के मौत के खबर जब गांव बांसगांव के डाढ़ी पहुंचल त परिजन में चीख-पुकार मच गइल। एह संबंध में एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह  बतवलें कि रुद्रपुर में मुन्ना साहनी रहेने। गैस सिलिंडर से आग लगलें के जानकारी भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]