Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KGF स्टार यश के बाबूजी आजुओ बाने बस ड्राइवर, साउथ के ‘रॉकिंग स्टार’ अइसे सुरु कइले आपन करियर

590

 

कन्नड़ सुपरस्टार यश के कम समय में अपार लोकप्रियता मिलल बा। प्रशांत नील के निर्देशन में बनल ‘केजीएफ चैप्टर 1’ से ऊ पूरा भारत में आपन अलग पहचान बनवले बाड़न। ईs फिलिम दर्शकन के बीच हलचल मच दिहलस आ बॉक्स ऑफिस पs हिट हो गइल आ 43.9 करोड़ रुपिया (हिंदी) कमाई कइलस। ‘द रॉकिंग’ के स्टार यश ‘केजीएफ’ के रिलीज के बाद ग्लोबल स्टार बन गइल बाड़न आ आजु उनुकर जनमदिन ह। उनकर फिल्म ‘केजीएफ चैप्टर 1’ भारतीय सिनेमा में आपन रिकार्ड बनवलस। अइसना में यश के दक्षिण इंडस्ट्री में ही ना बलुक पूरा देश में प्यार मिलेला आ लोग उनकर के झलक पावे खातिर कुछुओ कs सकेला। साउथ के सुपरस्टार यश आजु आपन 38वां जन्मदिन मनावत बाड़न।

सुपरस्टार यश के पिता बस ड्राइवर हउवें

‘केजीएफ’ के अभिनेता एगो मध्यम वर्गीय परिवार के हवे, लेकिन एकरा से जादे हैरानी के बात इs बा कि उनुकर पिता अबे ले बस ड्राइवर बाड़े। यश के पिता कर्नाटक में केएसआरटीसी परिवहन सेवा में काम करेले। अभिनेता यश अपना जिनिगी में बहुते संघर्ष कइले बाड़न आ आपन सपना पूरा करे खातिर बेंगलुरु चल गइले आ अब सुपरस्टार बन गइल बाड़न। उनकर बाबूजी अबहीं ले ई पेशा नइखन छोड़ले। यश इंडिया टुडे कॉन्क्लेव 2022 में अपना माता-पिता के बारे में बतवले। फेर बतवले कि उनकर बाबूजी आजुओ बस ड्राइवर के काम करत बाड़न।

अभिनेता यश आगे कहले कि, ‘हमार माता-पिता शायदे हमार कवनो फिल्मी आयोजन देखे आवेले, उ लोग हमरा कवनो फिल्म के शूटिंग तक कबहूँ ना आवेले।’ उनुकर मानना ​​बा कि एही काम के चलते उ यश के एतना बड़ बनावे में कामयाब भईले, एहीसे उ इ काम कबहूँ ना छोड़ीहे। अभिनेता कहले कि, ‘हमार बाबूजी हमरा फिल्म ‘मिस्टर एंड मिसेज रामाचारी’ के ब्लॉकबस्टर बनला के बाद कहले कि हम हमेशा इs काम करब अवुरी उ कहले कि फिल्म इंडस्ट्री में आपके इज्जत बा। अगर हमरा के कवनो सफल स्टार के पिता के रूप में जानल जाए वाला बा तs इ समय के बात बा। कुछ समय बाद भी इ बदल सकता। आईं बता दीं कि अभिनेता यश के पिता के नाम अरुण कुमार जे ह।

रॉकिंग स्टार यश के कैरियर

यश के जनम 8 जनवरी 1986 के कर्नाटक के हसन जिला के एगो गाँव भुवानाहल्ली में भइल रहे, उनकर बचपन के नाम नवीन कुमार गौड़ा हs। यश के बचपन मैसूर में बीतल जहां उ महाजन हाई स्कूल में स्कूली पढ़ाई पूरा कईले। ओकरा बाद ऊ बिनाका नाटक मंडली के हिस्सा बन गइलन। एकरा बाद उ प्रख्यात ड्रैमिस्ट B.V Karnath के बनावल बेनका नाटक समूह में नजर अइले। साउथ के ‘रॉकिंग स्टार’ यश अपना करियर के शुरुआत कन्नड़ टीवी सीरियल ‘नंदा गोकुला’ से कइले रहले। एकरा बाद उनुका के कई गो टीवी शो में देखल गइल बा। साल 2007 में कन्नड़ फिलिम जंबाडा हुदुगी के साथ फिलिमन में शुरुआत कइलें। एह फिलिम में ऊ दुसरका मुख्य भूमिका निभवले बाड़न। साल 2010 में रिलीज भइल यश के कन्नड़ फिल्म ‘मोदालासाला’ उनुका करियर के पहिला हिट फिल्म रहल। एकरा बाद साल 2014 में रिलीज भईल फिल्म ‘मिस्टर एंड मिसेज रामचारी’ यश खातीर एगो बड़ फिल्म साबित भईल। 2018 में रिलीज कन्नड़ फिल्म ‘केजीएफ’ यश के किस्मत बदल दिहलस।

अभिनेता यश के बारे में

बता दीं कि साल 2021 में अभिनेता यश अपना जन्मदिन पs 5000 किलो के केक काट के विश्व रिकार्ड बनवले रहले। केक 50 किलोग्राम ड्राई फ्रूट्स, 1800 किलग्राम आटा, 1150 किलोग्राम चीनी, 1750 क्रीम, 50 किलोग्राम घी आ 22500 अंडा से बनल रहे। साल 2024 में साउथ के अभिनेता यश अपना जन्मदिन पs अपना प्रशंसकन के सरप्राइज देबे वाला बाड़। 9 दिसम्बर 2016 के यश के बियाह राधिका पंडित से भइल, दुनों के एगो बेटा यथार्व आ एगो बेटी के नाम आर्या बा। यश के मुलाकात राधिका से यश के पहिला धारावाहिक नंदा गोकुला के सेट पsभइल। केजीएफ चैप्टर 2 के रिलीज के बाद से प्रशंसक तीसरा भाग के बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। फिल्म के दुनु हिस्सा पैन इंडिया ब्लॉकबस्टर साबित भइल।

 

 

 

707980cookie-checkKGF स्टार यश के बाबूजी आजुओ बाने बस ड्राइवर, साउथ के ‘रॉकिंग स्टार’ अइसे सुरु कइले आपन करियर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.